राप्रपा पर्सा के नगर अध्यक्ष मे सर्राफ

वीरगंज १५ भादो

राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी, पर्सा नगर कार्यसमिति के पुरा भईल नगर अधिवेशन से जलेश्वर सर्राफ के अध्यक्षता मे ४१ सदस्यीय नगर कार्यसमिति गठन कईले बा । वीरगंज के होटल सम्झना मे पुरा भईल नगर अधिवेशन से अध्यक्ष सर्राफ सहित ४१ सदस्यीय नगर कार्यसमिति गठन कईले बा ।

नवगठित कार्यसमिति के उपाध्यक्ष मे देव कुमार सर्राफ, सचिव मे राजेश गुप्ता तथा सदस्यलोग मे क्रमशः अजय पौडेल, रेणु श्रेष्ठ, अर्जुन सिंह ठकुरी, सकल पासवान लगायत रहल नगर अध्यक्ष सर्राफ बतवनी ।

एकरा से पहिले अधिवेशन के उदघाट्न सत्र के सम्बोधन करत पार्टी के केन्द्रिय सदस्य शम्भु चौरसिया राप्रपा पार्टी हि देश के हित करे सकेके दावी कइनी । उ वर्तमान राजनितिक परिवेश से देश के विकास ना होके विनाश ओरी प्रमुख राजनितिक दल लागल आरोप भी लगवनी ।

अभी काँग्रेस, एमाले, माओवादी आ मधेशवादी दल देश के हित से भी आपन सत्ता आ भत्ता के खातिर पार्टी फोरेके अभियान मे लागल बाडन एकरा से देश के विकास से भी विनाश ओरी उन्मुख भईल उ बतवनी । देश मे परिर्वतन के नाम मे गणतन्त्र लिअईला पर भी गणतन्त्र के यर्थाथ कर्म आ मर्म राजनितिक दल से बुझे सकल नईखे, गणतन्त्र के नाम मे देश के टुक्रा टुक्रा बनाके आपन विलासी जिवन प्रमुख राजनितिक दल के नेतालोग विता रहल उनकर आरोप रहे ।

दल के पूर्व जिविस पर्सा के सभापती भी रहल नेता चौरसिया देश आ जनता के विकास आ उन्नती के खातिर एकमात्र विकल्प राजा सहित के हिन्दु राष्ट्र हि रहला से नक्कली गणतन्त्रवादीलोग के भ्रम मे ना परके देश हित मे रहल राप्रपा के हि सहजोग करेके निहोरा कइनी ।

उदघाट्न समारोह मे पार्टी के जिल्ला सभापती अंगद ठाकुर, केन्द्रिय सदस्य नगिना यादव, जिल्ला उपाध्यक्ष अवधकिशोर साह, लगायत के लोग सम्बोधन कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।