आउर ३२३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि, संक्रमित संख्या ४ हजार से बेसी

काठमाण्डु २७ जेठ

पिछिलका २४ घण्टा मे आउर ३२३ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा । ई सँगे संक्रमित के संख्या ४ हजार से बेसी पुगल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक मंगर के दिने पहिलका बेर इलाम जिल्ला मे भी कोरोना संक्रमित मिलल बाडन ।

एकरा सँगे कोरोना संक्रमण फईलल जिल्ला के संख्या ७२ पुगल बा ।

कोरोना संक्रमण से आउर एक के मृत्यु
मन्त्रालय के प्रवक्ता जागेश्वर गौतम के मुताविक कोरोना संक्रमण से आउर एक जने के मृत्यु भईल बा ।

चितवनस्थित भरतपुर अस्पताल के आईसीयू मे ईलाज करा रहल ६८ बरीस के पुरूष के आजु सबेरे मृत्यु भईल रहे ।

भरतपुर महानगरपालिका वार्ड नं. ११ कोलटाँडी के उनका सुगर, प्रेसर आ मुटुसम्बन्धी बेमारी रहे । स्वास्थ्य मे समस्या भईला के बाद पाँच दिन पहिले अस्पताल मे भर्ना भईल उनका कोरोना संक्रमण भईल सोमार के दिने पुष्टि भईल रहे ।

उनका के कोभिड के ‘लेभल १’ ईलाज करेवाला भरतपुर अस्पताल मे सोमार के सँझिया लेगईल रहे । ईलाज के समय मे आजु सबेरे ७ बज के ६ मिनेट मे मृत्यु भईल ।

कहाँ कहाँ थपईलें संक्रमित ?
मन्त्रालय के मुताविक सबसे बेसी महात्तेरी मे ५० जने कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन ।

धनुषा मे ४५, चितवन मे २४, रौतहट मे २१, रुपन्देही मे २०, कञ्चनपुर मे १९, सर्लाही मे १७ आ नवलपुर मे १५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एहितरे सल्यान, नवलपरासी आ सिराहा मे १२÷१२, बाग्लुङ मे ११, कपिलवस्तु आ दार्चुला १०÷१०, बाँके ९, डडेलधुरा आ सप्तरी मे ७÷७, दाङ ६, सुर्खेत ४, मोरङ ३ आ जुम्ला आ नुवाकोट २÷२ जने के कोरोना परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।

इलाम, सुनसरी, धादिङ, म्याग्दी आ कैलाली मे एक एक जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एकरा सँगे नेपाल मे कुल संक्रमित के संख्या संख्या चार हजार ८५ पुगल बा ।

उलोग मेसे १५ जने के मृत्यु भईल बा आ ५८४ जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।