पकहामैनपुर गाँवपालिका मे अपाङ्ग परिचय पत्र वितरण शुरु

वीरगंज १५ भादो
पर्सा जिल्ला के पकहामैनपुर गाँवपालिका आजु वार्ड नम्बर १ के धोरे से अपाङ्ग कार्ड वितरण शुरु कईले बा । पकहामैनपुर गाँवपालिका के प्रमुख बिजय चौरसिया के नेतृत्व मे उ वार्ड मे खुदे घर मे पुग के कार्ड वितरण कईले बानी ।
उ आपन पालिका भितर रहल अपाङ्गलोग पालिका तक आवे ना सकेवाला भईला से घर दुवरी मे पुगके उ कार्ड वितरण कईल प्रमुख चौरसिया बतवनी । वार्ड नम्बर १ से वार्ड नम्बर ५ तक रहल उ वार्ड मे लाल, निलो आ उजर करके ४ प्रक्रिया के कार्डसब वितरण कईल बा । लाल कार्ड मिलल आदमी रु ४ हजार मिल रहल बा आ निलो कार्ड मिलल आदमी के रु २ हजार मिलेके प्रमुख चौरसिया बतवनी ।
उ आपन पालिका भितर पुर्णअपाङ्गता भईल आदमीसब सबसे बेसी रहल बतवनी । वार्ड नम्बर १ मे १२ जने, वार्ड नम्बर २ मे ६ जने, वार्ड नम्बर ३ मे १४ जने, वार्ड नम्बर ४ मे २० जने, वार्ड नम्बर ५ मे १७ जने आ वार्ड नं. ५ मे करके ६९ जने के अपाङ्गता कार्ड वितरण कईल बा ।
अभी तक खुद पालिका भितर स्वास्थ्य, शिक्षा, भौतिक पुर्वधार, जेष्ठ नागरिक, एकल महिला, सहिद परिवार, दलित, पिछडा वर्ग आ अति विपन्न परिवार के भी पालिका सहजोग करत आ रहल विपक्षीलोग अभी भी हडबडाए लागल प्रमुख चौरसिया बतवनी ।
२० बरीस मे ना भईल विकास हम ४ बरीस मे करके देखावल बतावत अब बाकी रहल कुछ विकास निर्माण काम शुरु हो रहल बतवनी । घर दुवरी कार्जक्रम मे उपप्रमुख कुसुमी देवी, प्रशासकीय अधिकृत रमेश सुवेदी, महिला विकास के सुनिता देवी, बृजकिशोर बर्णवाल, नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नम्बर २ के पुर्व सदस्य जगत राई, मिरमिरे अनलाइन आ नाइस टेलिभिजन के प्रमुख दिपक चौरसिया, प्रमोद सहनी, सुरेन्द्र पडित, अम्बिका महत एवम् स्थानीय के उल्लेखनिय सहभागीता रहल रहे ।






