पर्सा आ बारा मे भईल अलग–अलग कार्जक्रम मे २ जनानी सहित १६५ जने कईलें खुनदान

पर्सा आ बारा मे भईल अलग–अलग कार्जक्रम मे २ जनानी सहित १६५ जने कईलें खुनदान

वीरगंज २६ जेठ

पुलीस चौकी ईनर्वा के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे २ जनानी सहित १३१ जने खुनदान कईले बाडन ।
प्रहरी चौकी इनर्वा बढल गर्मी मे खुनदान कार्जक्रम मे कमी आईल आ रक्तसञ्चार केन्द्र वीरगंज मे खुन के कमी भईला मे नेपाल के मुख्य प्रवेशद्वार शंकराचार्य गेट लगे शनिचर के दिने खुल्ला खुनदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
कार्जक्रम मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता एवं डिएसपी दिपक भारती, राकेश साह गोंढ, रामप्रवेश साह कानु, भगवान कुर्मी, उमेश लामा, राजेश दुवे, अलि अख्तर, हरिमोहन रौनियार, निशा गौतम, सिता क्षेत्री, अशोक प्रसाद यादव, सुरज सर्राफ, अजय कुमार, हेमन्त राउत लगायत के लोग खुनदान कईल रक्तसञ्चार केन्द्र वीरगंज जनवले बा । खुनदान करेवाला के प्रमाणपत्र सहित गम्छा ओढाके सम्मान भी कईल रहे ।
कार्जक्रम के अध्यक्षता करत प्रहरी चौकी इनर्वा के इन्चार्ज तेजप्रताप सिंह रक्तसञ्चार केन्द्र मे खुन के कमी भईला से अस्पताल मे ईलाज करावे आवेवाला मरेजी के सहज होखो कहके उदेश्य से कार्जक्रम कईल बतवनी ।
कार्जक्रम मे पर्सा के प्रहरी उपरिक्षक कुमोद ढुंगेल, प्रहरी नायव उपरिक्षक केशर न्यौपाने, वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के प्रहरी उपरिक्षक पुष्कर वोगटी, वार्ड नम्बर २ के वार्ड अध्यक्ष महमद रेयाज, वार्ड नम्बर १६ के वार्ड अध्यक्ष प्रशुराम चौरसिया लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
एहितरे बारा के कलैया मे भईल कार्जक्रम मे ३४ जने खुनदान कईले बाडन ।
कटिया स्टेशन कलैया ४ बारा के आयोजना मे कटिया स्टेशन के प्राङ्गण मे भईल कार्जक्रम मे उपेन्द्र पटेल, लाल बाबु कुमार साह, कृष्ण मुरारी जयसवाल, सुमित कलवार, अर्जुन साह लगायत के लोग खुनदान कईल रक्तसञ्चार केन्द्र वीरगंज के प्रमुख सौरभराज पाण्डे बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।