स्थानियके बिरोध के बाद मेयर स्थलगत निरिक्षण मे

वीरगंज १६ भादो
बीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १२ मुर्ली मे रास्ता बिगड के पाच गो विद्यालय के विद्यार्थीलोग के विद्यालय आवत जावत करेमे समस्या भईला के साथे स्थानीयलोग के भी कठिनाई भईला के बाद चौतर्फि बिरोध भईल रहे ।
वर्षात के समय मुर्ली के उ रास्ता बिगड के विद्यार्थी तथा सर्वसधारण के कठिनाई भईला पर स्थानीयलोग रास्ता बनावे खातिर समाजिक संजाल तथा अनेकन समाचार माध्यम से दवाव देहले रहलन । उहे दबाव के बाद बीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय कुमार सरावगी आजु रास्ता के स्थलगत निरिक्षण कईले बानी । उ अवसर मे मेयर सरावगी जलदी से जलदी रास्ता बनेके कहत आश्वासन देहले रहनी ।
स्थलगत निरिक्षण मे मेयर सरावगी, विमपा वार्ड नं. १२ के वार्ड अध्यक्ष रामदरश कुशवाहा, वार्ड सदस्य रमेश साह कानु, शसक्त युवा समुह के प्रमोद मंडल, अनिल महतो, स्थानीय लालचन महतो धानुक, विध्या सदन स्कुल के प्राध्यापक लालबहादुर गुरुंग लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






