दलित समुदाय के १५ बरीस के किशोरी सामुहिक बलात्कार के शिकार

रौतहट, १६ भादो
रौतहट के माधवनारायण नगरपालिका मे दलित समुदाय के १५ बरीस के किशोरी सामुहिक बलात्कार के शिकार भईल बानी ।
माधवनारायण नगरपालिका वार्ड नम्वर ५ मिठुअवा घर भईल पासवान थर भर्ईल १५ बरीस के किशोरी के गाँव के तीन जने युवालोग के समुह मंगर के दुपहरिया सामुहिक रुप मे बलात्कार कईले बाडन । किशोरी घर से लकडी लेवे खातिर लगेके आम के वगैचा मे गईल समय तीन जने युवालोग मुह दाब के बलात्कार कईले रहलन ।
पिडित किशोरी उपर भईल बलात्कार के बाद के पिडा सहे ना सकला पर रोवत छटपटा रहल अवस्था मे उनकर पडोसी के घर मे पुगईल के बाद तत्काल इलाका प्रहरी कार्यालय गरुडा के खवर कईले रहे । इप्रका गरुडा के डिएसपी श्रीराम भण्डारी खुदे घटनास्थल मे पुग के पिडिता किशारी उपर घटल घटना के अनुसन्धान करत उ काम मे संलग्न रहल एक जने युवक के बितल रात १२.१० बजे के समय मे नियन्त्रण मे लेवेमे सफल भईल इलाका प्रहरी कार्यालय गरुडा जनवले बा ।
पकडाईल १८ बरीस के युवक किसुनी सहनी के जिल्ला अदालत गौर से ५ दिन के म्याद थप करके जबरजस्ती करणी मुद्दा अन्तर्गत कारवाही प्रक्रिया अगाडी बढावल गईल जानकारी देत डिएसपी भण्डारी पिडिता किशोरी के बुध के दिने स्वास्थ्य परिक्षण करावल तथा फरार रहल आउर दु जने युवक के खोजी हो रहल पुलीस जनवले बा ।






