आयुर्बेद स्वास्थ्य केन्द्र के कार्यालय प्रमुख मिश्र आपन मेहरारु के कईलें नियुक्ती

वीरगंज ०४ असाढ
प्रदेश सरकार मातहत के जिल्ला आयुर्बेद स्वास्थ्य केन्द्र पर्सा के प्रमुख डा. रमेश मिश्र ऐन कानून के धज्जी उडावत आपन मेहरारु के नोकरी लगवले बाडन ।
उ कार्यालय २०७७ कुवार २७ गते विज्ञापन नं. १–२०७७÷०७८ वैद्य (चउथका तह), विज्ञापन नं. २–२०७७÷०७८ (श्रेणी विहीन) सहजोगी आ विज्ञापन नं. २–२०७७÷०७८ (श्रेणीविहीन) अभ्यङकर्ता के खातिर विज्ञापन प्रकाशित कईले रहे ।
उ विज्ञापन तिसरका विज्ञापन के खातिर २०७७ पुुष २० गते लेहल गईल अन्तवार्ता के पुस २२ गते प्रकाशित नतिजा मे अभ्यङकर्ता पद मे सफल उम्मेदबार लक्ष्मी झा आ वैकल्पिक उम्मेदबार मे सोनी कुमारी पासवान के नाम प्रकाशित कईले रहे । अभ्यङकर्ता मे सफल उम्मेदबार लक्ष्मी झा २०७७ चईत्र ६ गते के नियुक्ती वुुझे आवेके बारेमे प्रकाशित सूचना मुताविक नियुक्ती बुझ के लेगईल माकिर नियुुक्ती भईल मिति से अभी तक हाजीर भईल नईखे ।
कार्यालय प्रमुख झा कार्यालय सहजोगी तथा अभ्यकर्ता पद मे नाम निकालल उम्मेदबार काम करे ना अईला के बाद वैकल्पिक उम्मेदबार के नियुक्त करेके जगहा मे उ ना करके उ पद मे पईसा के चलखेल करके भर्ना करेके खोजल आरोप लागल अभ्यङकर्ता के वैकल्पिक उम्मेदबार सोनी कुुमारी जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे २०७७ पुुष २४ गते लिखीत उजुरी देहले बानी ।
नियम मुताविक ३५ दिन मे हाजिर ना भईला से स्वतः पद रिक्त होखे अईला से उ नियुक्ती लेहल ३५ दिन के बाद वैकल्पिक उम्मेदबार कार्यालय मे उपस्थित भईला पर भी कार्यालय प्रमुख मिश्रा नियुक्ति पत्र ना देहल आ आलटाल कर रहल वैकल्पिक उम्मेदवार पासवान बतवनी ।
उ कार्यालय प्रमुख के अभ्यङकर्ता पद मे नियुुक्ति लेहल लक्ष्मी झा नियुक्ती लेहल २०७७ चईत ११ गते के दिन से २०७८ जेष्ठ ६ गते अर्थात ५५ दिन वितला पर भी उ पद मे नियम मुताविक वैकल्पिक उम्मेदबार हमरा के नियुक्ती देवेके प्रावधान रहल माकिर खुद दलित समुदाय भईला से कार्यालय प्रमुख मिश्र हेपेके काम कईल बतवनी ।
उ कहनी, ‘हम जिल्ला प्रशासन से अख्तियार आ समाजिक विकास मन्त्रालय तक उजुरी कईलन माकिर कार्यालय प्रमुख मिश्र के राजनीतिक पहुुँच के अधार मे अभी तक कहुँ से कार्यावाही भईल नईखे, ना त हमर नियुक्ती ।’ कार्यालय प्रमुख मिश्र वैद्य पद के ३ सिट मेसे पहिलका अन्तरवार्ता मे खुदे पदपुुर्ति समिति के संयोजक होके मेहरारु शालनी मिश्र आ आपन नजिक के नातेदार नवनितकुमार झा के नाम सफल उम्मेदबार मे प्रकाशित कईले रहलन ।
उ पद के खातिर २२ जने आवेदन देहललोग जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे कार्यालय प्रमुख मिश्र पद के दुुरुपयोग करके मेहरारु के नाम प्रकाशित करके अख्तियार दुरुपयोग कईल कहत उम्मेदबार मेसे मुकेश यादव उजुरी कईले बाडन । उ उजुरी के आधार मे जिल्ला प्रशासन कार्यालय २०७७ फागुन ११ गते के च.न. ११३४ के पत्र खुदे संयोजक होके मेहरारु के करार मे वैद्य पद मे देहल नियुक्ती भी सभी वैद्य के विज्ञापन नं. ०१–२०७७÷०७८ के नतिजा बदर कईले रहे ।
जिप्रका नियुुक्ती बदर करत आयुुर्वेद कार्यालय के परिक्षा तीन शर्त बमोजिम लेवे खातिर उ पत्र मे उल्लेख कईले रहे । जेकर पहिलका बुुँदा मे पदपुर्ति समिति मे जिल्ला प्रशासन कार्यालय के प्रतिनिधि रहेके उल्लेख रहे । दुसरका बुुदाँ मे योग्यता मापन होखेवाला किसिम के परीक्षा प्रणाली अवलम्बन करेके उल्लेख रहे । माकिर जिल्ला आयुर्वेद के २०७७ चईत २६ के वैध के पुनः अन्तवार्ता के सूचना मे अन्तरवार्ता मात्र लेहल आ ओमे जिप्रका के प्रतिनिधि के सहभागी करावल ना रहे ।
एहितरे परिक्षार्थीलोग के सक्कल प्रमाण पत्र मात्र माग कईल रहे । जउन योग्यता मापन होखेवाला किसिम के परीक्षा ना होके जिप्रका से खारेज कईल पहिले के अवस्था ह । उ वैद्य के परिक्षार्थी १४ जने मे बहुते जईसन के फेनु अन्तरवार्ता मे सूूचना भी ना देहल आ अन्तरवार्ता चईत २६ गते के दिन ११ बजे जम्मा ५ जने उपस्थित भईला मे सँझिया ३ बजे बहुमत संख्या हि ना पुगल जम्मा ५ जने के अन्तरवार्ता लेके पहिले के तीन जने के फेनु नाम उपर निचे करके नतिजा प्रकाशन कईला से छानविन करे खातिर निवेदन देहले बा ।
२०७७ भादो २९ गते जिल्ला आयुर्वेद स्वास्थ्य केन्द्र पर्सा मे अनियमितता करेवाला कार्यालय प्रमुख डा. रमेश मिश्र के जरुरी छानविन करके कारवाही करेके माग करत स्थानीय पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी के ज्ञापन पत्र बुझा के ध्यानाकर्षन करवले रहलन । डा. रमेश मिश्रा पर्सा जिल्ला आयुर्वेद स्वास्थ्य केन्द्र के प्रमुख के जिम्मेवारी लेहला के बाद स्थानिय अगुवा तथा समाजिक संस्था के पदाधिकारीलोग के पहल के बाद आयुर्बेद स्वास्थ्य केन्द्र व्यवस्थापन चुस्त दुरुस्त बनावे खातिर जिल्ला आयुर्वेद स्वास्थ्य केन्द्र सहजोग समिती गठन कईल रहे ।
जिल्ला आयुर्वेद स्वास्थ्य केन्द्र के प्रमुख मिश्रा स्थानिय वार्डबासी भईला के चलते अस्पताल ब्यवस्थापन मे मनोमानी करत आईल बाडन । अस्पताल के औषधि खरिद, बजेट खर्च, ईलाज लगायत मे अपारदर्शी तरिका से प्रकिृया मिच के अनियमितता हो रहल आ कार्यालय प्रमुख खुद बेमार भईल बहाना करके घर रहके जोखिम भत्ता भी बुझत अनेकन अनियमितता करत आईल बाडन । कर्मचारीलोग नियमित कार्यालय ना आवेलन अईला पर भी एके बेर एक महिना के हाजिरी करके तलब बुझे रहल ज्ञापन पत्र मे उल्लेख रहे ।
स्वास्थ्य केन्द्र मे वितल ६÷७ बरीस से अस्थायी दरबन्दि मे कार्यरत १ जने महिला कार्यालय सहायक के नियुक्ति नविकरण ना करके सोर्स–फोर्स के आधार मे राजनितिक आदमी के आड मे आउर दु जने कर्मचारी राखल आ उ कर्मचारी से रकम असुल करके पद के दुरुपयोग कईल जिल्ला आयुर्वेद स्वास्थ्य केन्द्र सहजोग समिती के ठहर रहल बा । यद्पी कार्यालय प्रमुख राजनितिक पहुंच के चलते कारवाही से बँचत आईल बाडन ।





