आमाको माया छात्रावास के भवन उद्घाटन

वीरगंज १७ भादो

दुर्गमक्षेत्र के जनजाति समुदाय के गरिब तथा अतिविपन्न परिवार के लईकालइकी के पठनपाठन तथा गाँसबाँस के खातिर अनेकन दातालोग के सहजोग मे वीरगंज १० बजरंगटोल मे निर्माण कईल जनजाति कल्याण आश्रम अन्तरर्गत “आमाको माया छात्रावास” के एक कार्जक्रम के वीच आजु भव्य रुप मे उद्घाटन कईल बा ।

दातालोग के सहजोग मे उपलब्ध करावल गईल करिब २४ धुर जमिन मे दातालोग के ८० लाख के सहजोग मे आमाको माया छात्रावास निर्माण पुरा भईल रहे ।

छात्रावास के भवन मे आयोजना कईल समारोह मे भवन तथा जनजाति कल्याण आश्रम, नेपाल के केन्द्रिय कार्यालय के वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय कुमार सरावगी, अखिल भारतीय वनवासी कल्याण आश्रम के मार्गदर्शक श्री सोमायाजुलू आ वरिष्ठ समाजसेवी मुरलीधर रुगंटा संयुक्त रुप मे उदघाटन कईले रहनी ।

उद्घाटन समारोह के सम्बोधन करत प्रमुख अतिथि मेयर विजय कुमार सरावगी पश्चिमीलोग के प्रभाव के चलते नेपाल के मुलधर्म संस्कृति संकट मे पडे लागल आरोप लगवनी । जनजाति कल्याण आश्रम से आमाको माया छात्रावास मार्फत गरिब तथा अतिविपन्न परिवार के शिक्षादिक्षा तथा बाँसगाँस के खातिर पुगावत आईल योगदान सराहनी रहल बतवनी । उ वीरगंज महानगरपालिका से सहजोग करे ना सकला पर भी आवेवाला दिन मे व्यक्तिगत रुप मे भी अईसन पून्यकार्य के खातिर योगदान पुगावेके प्रतिबद्धता जनवनी ।

कार्जक्रम मे अखिल भारतीय वनवासी कल्याण आश्रम के मार्गदर्शक श्री सोमायाजुलू छात्रावास के परम्परा नयाँ ना होके पुराना ऐतिहासिक गुरुकुल के नाम से वनवास क्षेत्र मे संचालन होत आईल बतवनी । उ गुरुकुल मार्फत लईकालइकी के वेद तथा रामायाण के बारे मे शिक्षा प्रदान करके असल आदमी के निर्माण करेके काम हो रहल बतवनी ।

जनजाति कल्याण आश्रम के राष्ट्रिय महासचिव प्रेम थुलुङ्ग जनजाति कल्याण आश्रम देश मे रहल ३८ प्रतिशत जनजाति समुदाय मेसे कुछ प्रभावित जनजातिलोग के मुल प्रभाव मे लियावे के काम कर रहल बतवनी । उ, दु दशक अगाडी वीरगंज से शुरु कईल छात्रावास अभी देश के अनेकन १० गो जिल्ला मे संगठन विस्तार करके ३० जिल्ला के शिक्षा क्षेत्र के पहुँच से दुर रहल सयो लईकालइकीसब के निशुल्क रुप मे शिक्षा प्रदान देत आईल बा ।

आमाको माया छात्रावास के अध्यक्ष भवंरलाल पारिक के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे जनजाति कल्याण आश्रम के अध्यक्ष सुरेश रुंगटा, वरिष्ठ उद्योगपति मुर्लीधर रुगंटा, अशोक बैध, वार्ड नम्बर १० के वार्ड अध्यक्ष रामनगिना साह लगायत समाजसेवी, बुद्धिजिवी, पत्रकारलोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।