पत्रकार महासंघ पर्सा मे एकलौटी निर्णय कईल कहत कार्य समिति सदस्यद्वारा हि विरोध

वीरगंज १२ पुस,
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा कार्य समिति के निर्णय के विरोध भईल बा । महासंघ से हरेक बरीस वितरण करत आईल गोपाल गिरी स्मृत्ति पत्रकारिता पुरस्कार वितरण मे कार्य समिति के कुछ सदस्य विरोध कईले बाडन ।
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के कार्य समिति के सोमार के दिने बईठल तिसरका बईठक से गोपाल गिरी स्मृत्ति पत्रकारिता पुरस्कार वितरण के खातिर प्रेस चौतारी नेपाल मे आबद्ध पत्रकारलोग के मात्र वितरण करेके निर्णय कईला के बाद कार्य समिति के २ जने सदस्य विरोध कईले बाडन ।
पुरस्कार वितरण के खातिर कउनो भी मापदण्ड तथा प्रक्रिया हि ना पुगाके हचुवा के भर मे पुरस्कार वितरण के खातिर नामावली छनौट कईल बा ।
कार्य समिति के बईठक मे सहभागि कार्य समिति सदस्य नरेश सर्राफ आ अजय चौरसिया महासंघ के नाम मे प्रेस चौतारी के पदाधिकारीलोग एकलौटी निर्णय कईल आरोप लगवले बाडन । कार्य समिति सदस्य नरेश सर्राफ के मुताविक नेपाल पत्रकार महासंघ सम्पूर्ण पत्रकार के छाता संगठन भईला से सम्पूर्ण के समेट के लेजाएके बात मे कउनो भी पुरस्कार, तालिम एवं आउर काम मे प्रेस चौतारी के पदाधिकारीलोग के मात्र सिफारिस करत आईल बतवनी ।पत्रकार महासंघ के प्रेस चौतारी के इसारा मे चला रहल उनकर आरोप बा ।
महासंघ कार्य समिति के निर्णय उपर सर्राफ आ चौरसिया असहमति जनईला के बाद प्रेस चौतारी मे आबद्ध आउर पदाधिकारीलोग जबरजस्ती निर्णय लादेके खोजला के बाद सर्राफ बईठक बहिष्कार कईले रहलन ।
उ आउर छाता संगठन एवं स्वतन्त्र पत्रकारलोग के भी पुरस्कार देवेके कहला के बाद महासंघ के कुछ पदाधिकारीलोग आपन हैकमवादी लादेके खोजला के बाद सर्राफ आ चौरसिया महासंघ के निर्णय उपर विरोध जनावत असहमति जनवलन ।
सर्राफ के मुताविक प्रेस चौतारी आबद्ध पदाधिकारीलोग पहिले से हि पुरस्कार के खातिर दु जने चौतारी के पदाधिकारी के नाम लेके आईल रहलन, हमनी आउर पत्रकारलोग के भी नाम राख के छलफल कईल जाँव कहले रहलन माकिर ओकरा के वेवास्ता करत एकलौटी रुप मे पत्रकार महासंघ मे बहुमत के दम्भ देखाके उ दु जने के हि पुरस्कार देवेके कहके निर्णय कईला के बाद असहमति जनावल बतवनी ।
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा हरेक बरीस एक जने पत्रकार के स्व. गोपाल गिरी स्मृत्ति पत्रकारिता पुरस्कार वितरण करत आईल बा ।
अईसे हि दोसर कार्यसमिति सदस्य चौरसिया आजु के बईठक से महासंघ के तिसरका तल्ला के भवन निर्माण के खातिर समिति बनावेके समय मे सभी के ना समेटल आ स्व. गोपाल गिरी स्मृत्ति पत्रकारिता पुरस्कार मे भी एकलौटी करेके खोजला के बाद ‘नोट अफ डिसेन्ट’ लिखके असहमति जनाके बईठक से बाहर निकलल रहलन । बईठक से चौतारी आबद्ध प्रताप श्रेष्ठ आ विजय भण्डारी के पुरस्कार देवेके जबरजस्ती निर्णय कईले बा ।






