बिन्दवासिनी गा.पा.–३ ईटियाही मे निःशुल्क आँखा परिक्षण तथा परामर्श शिविर

वीरगंज १९ भादो

पर्सा के बिन्दवासिनी गाँवपालिका वार्ड नं. ३ ईटियाही टोल मे एक दिने निःशुल्क आँखा परिक्षण तथा परामर्श शिविर पुरा भईल बा ।

श्री हनुमान मन्दिर विकास समिति विन्दवासिनी गा.पा.–३ ईटियाहि के आयोजना तथा नारायणी आई केयर बिर्ता वीरगंज के प्राविधिक सहजोग मे भईल शिविर से २०७ जने लाभान्वित भईल आयोजक संस्था जनवले बा ।

ईटियाही के श्री कामाख्यामाई बचत तथा ऋण सहकारी संस्था के प्राङ्गण मे भइल शिविर मे जय पोलिक्लिनिक नारायणी आई केयर वीरगंज के नेत्र रोग विशेषज्ञ एवं नारायणी अस्पताल के आँखा विभाग के प्रमुख डा. बि.डि चौरसिया, दृष्टि विशेषज्ञ प्रभात चौरसिया, राजेश यादव लगायत के टिम आँखा चेकजाँच कईले रहे ।

आँखा परिक्षण के समय मे आँख के मरेजीलोग के निःशुल्क दवाई देहला के साथे नजदिकी तथा दुरी के समस्या भईल १०० जने के निःशुल्क चश्मा भी देहल गईल कार्जक्रम के व्यवस्थापक मुकेश चौरसिया जानकारी देहनी ।

शिविर के मिडिया पार्टनर भोजपुरी टाइम्स दैनिक के प्रकाशक अजय कुमार चौरसिया, मिरमिरे अनलाईन के दिपक चौरसिया आ हाम्रो नेपाल दैनिक के रामेश्वर चौरसिया लगायत स्थानिय समाजसेवी, बुद्धिजिवि लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।