प्रदेश नं. २ के घुमुवा पुलीस के आतंक बढल, तस्करी के लाईन देहला मे लाखो असुली कर रहल

वीरगंज १९ भादो
प्रदेश नं. २ के प्रदेश प्रहरी कार्यालय मे कार्यरत घुमुवा पुलीस डिआईजी के नाम मे असुली धन्दा चलावल मिलल बा ।
प्रदेश प्रहरी कार्यलाय से पर्सा के खातिर खटावल गईल प्रदेश घुमुवालोग चोरी तस्करी रोकला के बदले असुली धन्दा चलाके तस्करी आ तस्कर के आउर बढावा देहल पर्सा प्रहरी स्रोत बतवले बा । तस्करी के सूचना देवे खातिर, सामान पकडेके आ अपराधी के पकडेके खातिर प्रदेश नं. २ के प्रदेश प्रहरी कार्यालय से पर्सा खातिर असई प्रमोद सिंह, हवल्दार राजु गुप्ता आ सिपाही संजय जैसवाल के घुमुवा के रुप मे परिचालन भईल बा । वितल लम्हर समय से उलोग घुमुवा के रूप मे कार्यरत बाडन । ओहिसे ब्यापारी से लेके तस्कर सँगे उलोग के लगेके सम्बन्ध आ उठबस भईल पुलीसलोग बतवले बाडन । प्रदेश प्रहरी कार्यालय उलोग के गोप्य सूचना संकलन करके चोरी, तस्करी, तथा अपराध नियन्त्रण करेके उद्देश्य से खटवले बा । माकिर उलोग अभी आपन जिम्मेवारी छोड के प्रदेश प्रमुख डिआईजी उमेश रञ्जितकार के नाम बेचके महिनावारी असुली मे सक्रिय रहल समाचार स्रोत जनवले बा । 
ओतने मात्र ना उलोग डिआईजी के नाम मे पर्सा से तस्करी के लाईन मिलादेहला मे तस्कर सँगे मात्र ना होके सीमाक्षेत्र के इन्चार्जलोग से भी खुलेआम पईसा असुली कर रहल जनावल गईल बा । असई सिंह, हवल्दार गुप्ता आ जयसवाल पर्सा के अनेकन नाका मे व्यापारीलोग के तस्करी के लाइन मिलाके लाखो उठा रहल एक ब्यापारी बतवनी । उलोग कपडा के तस्करी करत आईल हरेन्द्र पटेल, मूख्तार, मुना आलम, ओकील मिया, सुरेन्द्र आ नरेश दास तथा किराना समाना ढुवानी करेवाला बेचु छपकैया के लाइन मिलावेके काम कर रहल उ व्यपारी नाम ना छापेके शर्त मे बतवनी ।
एहितरे पिकअप आ टेम्पु से कपडा आ हार्डवयर के सामान के तस्करी करत आईल काका कहेवाला आदमी तथा हार्डवयर के सामान के तस्करी करत आईल शर्मा जी राजकुमार के भी उलोग लाइन मिलावल आ उ वापत लाखो रोपेया असुली कर रहल बाडन । एहितरे युनिलिभर के सामानसब, सेव, चाइनिज इँटा तथा मुर्गी के दाना से दाँत माजेवाला मञ्जन तक के तस्करी करत आईल मुना जयसवाल, रामु जयसवाल, किशोर जयसवाल लगायत के भी उलोग लाइन मिलावल व्यापारीलोग हि बतवले बाडन ।
जयसवाल पर्सा के मुख्य व्यापारी भईल आ पुलीस के सेटिङ मे तस्करी करके सामान लियारहला से खुदसब के काम करेमे समस्या भईल उ व्यापारी बतवले बाडन । स्रोत के मुताविक उ व्यापारीलोग से घुमुवा पुलीसलोग काम मुताविक ५० हजार से ३ लाख तक महिनावारी लेरहल बाडन । प्रदेश कार्यालय के पुलीसलोग सँगे सेटिङ मिलावत आईल पर्सा के व्यापारीलोग खुलमखुल्ला प्रहरी प्रशासन सँगे मिलीभगत ना करके तस्करी कईल सम्भव ना भईल बतवनी ।






