लक डाउन के धजी उडावत पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र के बासिन्दा
जीराभवानी ११ चईत,
सरकार आजु से लागू होखेवाला किसिम से देशभर लक डाउन कईले बा । लकडाउन कहल घर से बाहर निकलेमे रोक लगावल ह । ई एक किसिम के कर्फुयु हि ह । बिश्वब्यापी रुप मे फईलल कोरोना के चलते बिश्व हि आक्रन्त भईला के चलते आ नेपाल मे भी ई भाइरस के मरेजीलोग देखाई देवे लागला के चलते सभी से सर्तकता अपनावल जरुरी देखल गईल बा ।
उच्च सतर्कता के खातिर हि सरकार ई कदम अगाडि बढवले बा जउन एकदमे जरुरी भी बा । नेपाल मे जदि कोरोना भाइरस के संक्रमण भईला पर केहु भी सुरक्षित ना होखिहें आ देश चले सकेके अवस्था भी ना रही । ओहिसे बेमारी आवे ना देवे खातिर आ बेमार लोग के ईलाज के खातिर भी सरकार के कदम सराहनीय बा ।
अब नागरिकलोग से भी साथ देहल जरुरी बा । नागरिकलोग सरकार से हमनी के सुरक्षा के खातिर नीति बनवले बा कहके बुझेके पडल । नागरिकलोग के सुरक्षा के खातिर हि सरकार नीति बनवले बा । एकर कार्यान्वयन भी भईल जरुरी बा तबे मात्र हमनी सुरक्षित रहेम ।
माकिर पर्सा के ग्रामिण भेग मे जनचेतना के कमी के चलते लकडाउन पालना होखे नइखे सकल । गाँव के अनेकन चौक चौक पर आदमी के भिड सहजे देखल गईल रहे । स्थानीय प्रसासन आ स्थानीय तह के सहजोग मे माईकिङ्क के बेवास्ता भईल रहित त तानका सहज होखित कहके स्थानीय बुधिजिबीलोग के सुझब रहल बा ।






