प्रदेश–२ मे आउर तीन सांसद छनलें लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी

जनकपुरधाम २० भादो

जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) के प्रदेश २ के आउर तीन सांसद लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी (लोसपा) छनले बाडन ।

एतवार के दिने लोसपा छानेमे अभिराम शर्मा, रानी कुमारी तिवारी आ उपेन्द्र महतो बाडन । तीनु जने सांसद जनकपुरधामस्थित निर्वाचन आयोग के प्रादेशिक कार्यालय मे पुग के लोसपा मे सनाखत कईल लोसपा सांसद परमेश्वर साह जानकारी देहनी ।

ई तीन जने सांसद सनाखत कईला सँगे प्रदेश २ मे लोसपा सांसद के संख्या १५ पुगल बा । एकरा से पहिले १२ जने सनाखत कईले रहलन ।

परमेश्वर साह, सुरिता साह, बाबुलाल साह, जानकीशरण शाह, जयनुल राइन, अलका झा, बबिता कुमारी, निलम देवी भुमिहारिन, रमेश प्रसाद कुर्मी, डिम्पल झा, प्रहलाद गिरी गोस्वामी आ गौरीनारायण साह सनाखत कईले रहलन । सनाखत करेवाला गोस्वामी पूर्व मधेशी जनअधिकार फोरम से आ बाँकी सभी पूर्व राजपा से निर्वाचित भईल सांसद हउवन ।

एतवार के दिने धनुषा के हंसपुर नगरपालिका के मेयर रामज्ञान मण्डल भी लोसपा मे सनाखत कईले बाडन । उ राजपा से निर्वाचित भईल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।