होली मे नियम विपरित रंग लगावेवाला उपर कारवाही कईल जाई : प्रजिअ कटवाल

प्रभु यादव

बारा २ चईत

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका से होली मिलन कार्जक्रम कईल गईल बा । उपमहानगरपालिका के सभा कक्ष मे भईल होली मिलन कार्जक्रम मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृ्ष्णबहादुर कटवाल तराई मे खेलेवाला होली जईसन पहाड मे ना खेलल जाला बतवले बानी ।

तराई के होली मे खेलेवाला रंग प्रकृति भईल सात रंग के सुन्दरता से खुशी देखावेला कटवाल जनकारी करावले बानी । जन प्रतिनिधि लोग के पदवाधिक समाप्त होरहल बा मानवत मटिअर्वा सडक के काम भईल रहित तब ठिक होई कहत काम सुरू भईल जनकारी करावले बानी ।

निमन रंग से होली खेली समाज मे ना निमन असर परेवाला काम ना करदेवेला जनता समक्ष सुचना जाबो जे गलत नियत से खेली उ लोग के प्रशासन कारवाही करी कटवाल जनकारी करावले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव होली असत्य के उपर सत्य के विजयी भईल कह के खेलल जाला सभे केहु सत्य मान के विना कवनो रोकावट के समाजिक सद्भाव राख के खेलेके बतावले बानी ।

उपमेयर रहिमा खातुन होली सभे के पर्व हवे भाईचारा राख के खेले के जनकारी करावत सब केहु मे निहोरा कईले रहनी । प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत नाथु साह प्रहलाद आ होलीका के उदाहरण देहत सत्य सत्य रही बतावले रहनी । होली मिलन कार्जक्रम मे वार्ड के वार्ड अध्क्षय लोग, कर्मचारी, पत्रकार लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।