किर्ते मुद्दा के फरार प्रतिवादी मिश्र पकडईलें

मेघराज राय
जिराभवानी २५ भादो
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा द्वारा सूचना परिचालन आ प्रहरी कारवाही के सिलसिला मे जिल्ला पर्सा पर्सागढी न.पा.वार्ड नं.५ रहेवाला ४८ बरीस के मदन मिश्र के सम्मानित पर्सा जिल्ला अदालत के लागत नम्बर १५५८ मिति २०७५÷०५÷१५ गते के फैसला से १ बरीस कैद आ एक करोड पच्चीस लाख जरीवाना तोकला मे अभी तक फरार रहला से खोजतलास के समय मे मदन मिश्र के अपने घर मे लुकाके रहत आईल समय मे पकडल गईल बा ।
२४ गते बियफे के दिने जिल्ला पर्सा, पर्सागढी न.पा.वडा नं.२ बागवाना के ईलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वासुगौली के प्रहरी निरीक्षक रामकाजी थापा के कमान्ड मे खटल पुलीस टोली पकडके शुक के दिने सम्मानित पर्सा जिल्ला अदालत मे बुझावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।






