राष्ट्रिय जनगणना २०७८ कातिक २५ से अगहन ९ गते तक

मेवालाल यादव
रौतहत २५ भादो
राष्ट्रिय जनगणना २०७८ के पुनः कार्यतालिका स्वीकृत कईले बा । आजु जिल्ला जनगणना कार्यालय रौतहट पत्रकार सम्मेलन करके अईसन जानकरी करवले बा ।
बितल सोमार के दिने बईठल मन्त्रिपरिषद् बइठक से केन्द्रीय तथ्यांक विभाग से प्रस्ताव कईल राष्ट्रिय जनगणना २०७८ के कार्यतालिका स्वीकृत कईले रहे । रौतहट प्रमुख जिल्ला अधिकारी ईन्द्रदेव यादव के अध्यक्षता मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे जिल्ला जनगणना अधिकारी देवनाथ यादव जनगणना के मूल गणना कातिक २५ से अगहन ९ गते तक होखेके बतवले बानी ।
केन्द्रीय तथ्यांक विभाग के कार्यतालिका मुताविक भादो २० से २६ गते तक सुपरभाइजर भर्ना करेके, भादो २७ आ २८ गते सुपरभाइजर के तालिम देवेके आ भादो ३० से कुवार १८ गते तक सुपरभाइजर घरघर मे पुग के सुचीकरण के काम करेके अधिकारी यादव जानकारी करावत, गणक भर्ना करके कातिक १३ से १६ गते तक तालिम देवेके तथा उलोग के तालिम के बाद मूल गणना कातिक २५ से अगहन ९ गते तक होखेके बतवनी ।
राष्ट्रिय जनगणना रौतहट जिल्ला के ५ स्थानीय तह मे राष्ट्रिय जनगणना २०७८ के सफल बनावेके उदेश्य से स्थानीय जनगणना कार्यालय स्थापना कईल बा । नेपाल के १२ वाँ तथा संघीय राज्य के पहिलका होखे लागल राष्ट्रिय जनगणना २०७८ के अभियान सफल बनावे खातिर तथा जनगणना से केहु ना छुटस कहके उदेश्य से स्थानीय जनगणना कार्यलय स्थापना करके काम सुरु कईल बा ।
“मेरो गणना, मेरो सहभागिता” कहके मूल नारा के साथ होखे जा रहल राष्ट्रिय जनगणना के खातिर गौर नगरपालिका के गौर, बौधीमाइ नगरपालिका, कटहरिया नगरपालिका के कटहरिया, गरुडा नगरपालिका के गरुडा आ चन्द्रपुर नगरपालिका के चन्द्रपुर मे स्थानीय प्रमुख के उपस्थति मे कार्यालय स्थापना कईल अधिकारी यादव बतवनी ।
गौर मे स्थापना कईल कार्यालय से गौर, इश्नाथ नगरपालिका, राजदेवी नगरपालिका, दुर्गा भगवती गाँवपालिका, यमुनामाइ गाँवपालिका, चन्द्रपुर मे स्थापना भईल जनगणना कार्यालय से चन्द्रपुर, गुजरा नगरपालिका, वृन्दावन नगरपालिका के तथ्यांक संकलन कईल जाई । बौधीमाइ नगरपालिका मे स्थापना भईल कार्यालय से बौधीमाइ, मौलापुर, परोहा नगरपालिका, राजपुर नगरपालिका, कटहरिया नगरपालिका के कटहरिया मे स्थापना कईल कार्यालय से कटहरिया नगरपालिका, फतुवा विजयपुर, देवाही गोनाही नगरपालिका के गणना करेके अधिकारी यादव बतवनी ।






