जनमत पार्टी के पार्टी प्रवेश कार्जक्रम

वीरगंज २२ कातिक

प्रदेश नं. दु के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी के गाँव मे आजु जनमत पार्टी पर्सा के पार्टी प्रवेश कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

पर्सा क्षेत्र नं.४ के जगरनाथपुर गाँवपालिका के वार्ड नम्बर ४ मे जनमत पार्टी के प्रशिक्षण तथा पार्टी प्रवेश कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि जनमत पार्टी के केन्द्रीय सदस्य अब्दुल खान अनेकन पार्टी परित्याग करके करिब सय जने जनमत पार्टी मे प्रवेश करेवाला के अबिर के टिका आ फुल के माला पहिना के स्वागत कईले रहनी ।

पार्टी प्रवेश करावत केन्द्रिय सदस्य खान नैतिकताहिन, एजेन्डा विहिन जनता समाजबादी पार्टी के जरुरत ना भईल चर्चा करत काँग्रेस आ कम्युनिष्ट ६० बरीस से मधेश के सम्पत्ति दोहोन मात्र कईल आ ४० लाख से बेसी नेपाली युवालोग के विदेश जाएमे बाध्य बनावल आरोप भी लगवनी ।

कार्जक्रम मे पार्टी के केन्द्रिय सदस्य ओम प्रकाश शाह, हेम शाह, अनिता रौनियार, बिनय कुमार यादव लगायत के नेतालोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

चन्दन चौहान के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के सहजीकरण रामनरेश पटेल कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।