संसार अनलाइन सिंङ्गिङ स्टार अवार्ड तामाङ आ प्रधान के मिलल

काठमाण्डु २६ भादो,
संसार क्रियशन आयोजना आ संसार अनलाइन टिभी के प्रस्तुती मे सञ्चालन कईल संसार अनलाइन सिंङ्गिङ स्टार अवार्ड २०२०÷२१ प्राप्ती तामाङ आ अश्विन प्रधान के मिलल बा ।
शनिचर के दिने काठमाण्डु मे आयोजना कईल प्रतिष्पर्धा मे १६ बरीस निचेके ओरी गायन मे काभ्रे के प्राप्ती तामाङ प्रथम भईल बाडि । एहितरे काठमाण्डु के रितु श्रेष्ठ द्धितीय आ भक्तपुर के झरना खनाल तृतीय भईल बाडि । प्रथम, द्धितीय आ तृतीय से क्रमशः १० हजार, ७ हजार आ ५ हजार रोपेया सहित ट्रफी पुरस्कार मिलल बा ।
उलोग शनिचर के दिने आपन गायकी प्रस्तुत कईले रहलन । एहितरे खुल्ला ओरी इलाम के अश्विन प्रधान प्रथम, ललितपुर अमोघा बीर वज्राचार्य दुसरका आ आश्रय रञ्जित तिसरका भईल रहनी । खुल्ला ओरी पहिलका, दुसरका आ तिसरका होखेवाला के क्रमशः ३० हजार, १५ हजार रोपेया आ १० हजार रोपेया सहित ट्रफी मिलल बा । निर्णायक तथा कार्जक्रम मे उपस्थित अतिथिलोग विजेतालोग के पुरस्कार देहले रहलन ।
बितल बरीससे अनलाइन विधि से सहभागी भईल ७ सय ४० जने प्रतियोगी मेसे १७ जने छनौट भईल रहलन । प्रतियोगिता मे सहभागी आउर के भी विविध प्रस्तुती के खातिर ट्रफी प्रदान कईल रहे । बाहरी देश मे रहेवाला १९ देश के नेपाली भी प्रतिष्पर्धा मे भाग लेहले रहलन ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि उर्जा, जलस्रोत तथा सिँचाईमन्त्री पम्फा भुसाल लईकालइकी के क्षमता विस्तार करेके अईसन कार्जक्रम से प्रतियोगी मे उत्साह प्रदान करेके बतवनी । ई बरीस से सुरु भईल कोरोना के चलते आदमी के जनजीवन अस्तव्यस्त भईल समय ई किसिम के प्रतिष्पर्धा से आदमी मे निराशा कम करेके बतवनी ।
संसार अनलाइन टिभी के अध्यक्ष स्वतन्त्र महर्जन आवेवाला दिन मे भी अईसन कार्जक्रमसब आयोजना करेके बतवनी । उ कोरोना संक्रमणकाल मे आदमी मे छावल अन्यौलता आ दिक्दारी के कम भईला पर भी कम करे खातिर भी कार्जक्रम के आयोजना कईल बतवले रहनी ।





