कृषि सामग्री कम्पनी मे खाद के बिक्री वितरण बन्द, किसान समस्या मे

वीरगंज २८ भादो,

वीरगंज स्थित कृषि सामग्री कम्पनी लिमिटेड के प्रादेशीक कार्यालय खाद के बिक्री आ परिचालन बन्द कईले बा । प्रदेश २ के ८ सहित १६ जिल्ला मे रासायनिक खाद के आपूर्ति करत आईल कृषि सामग्री कार्यालय मे खाद के मौज्दात हि ओरईला के बाद कार्यालय सूचना हि निकाल के एतवार से खाद के बिक्री बन्द कईले बा ।

अभी युरिया आ डीएपी दुनु खाद के मौज्दात ओरईला से दोसर सूचना जारी ना होखे तक के खातिर खाद के बिक्री वितरण आ परिचालन बन्द कईल सूचना मे उल्लेख बा । अभी युरिया आ डीएपी खाद ओराईल आ आउर खाद मिलेके अनिश्चित भईला से एतवार से खाद के बिक्री वितरण आ परिचालन बन्द कईल प्रादेशीक कार्यालय प्रमुख गोरखनाथ केसी बतवनी ।

केसी अब कम्ति मे २०÷२५ दिन के बाद मात्र कार्यालय मे युरिया आ डीएपी खाद आवेके जानकारी देहनी । खाद अईला के बाद मात्र खाद के बिक्री वितरण आ परिचालन सुचारु होखेके बतवनी । उनका मुताविक नेपाल सरकार सिंगापुर से किनल ३० हजार मेट्रिक टन युरिया मल, अभी सामुन्द्रिक मार्ग मे बा । केसी कहनी, ‘उ खाद ४÷५ दिन के बाद भारत के कलकत्ता बन्दरगाह मे आई, उहाँ से रेलमार्ग होत वीरगंज के सर्सिया सुख्खा बन्दरगाह मे आवेमे कम्ति मे भी २० दिन लागी ।

एहितरे सरकार से खरिद कईल २५ हजार मेट्रिक टन डीएपी मल भी १ महिना के बाद मात्र वीरगंज आवेके केसी जानकारी देहनी । वीरगंज मे रहल कृषि सामग्री कम्पनी लिमिटेड के प्रादेशीक कार्यालय भारत तथा तिसरका देश से नेपाल आयात कईल अनुदान के खाद प्रदेश २ के पर्सा, बारा, रौतहट, सर्लाही, महोत्तरी, धनुषा के साथे काठमाण्डु, काभ्रे, धादिङ, मकवानपुर, सिन्धुली, चितवन, तनहुँ, नवलपरासी, रौतहट, पर्वत, सर्लाही, धनुषा, महोत्तरी, नुवाकोट, कास्की करके १६ जिल्ला मे आपूर्ति करत आईल बा ।

किसान समस्या मे

अभी रोपल गईल धानबाली मे युरिया खाद छिटेके समय मे खाद के कमी भईला से किसानलोग समस्या मे पडल समय कृषि सामग्री कम्पनी हि खाद के बिक्री वितरण बन्द कईला के बाद किसानलोग आउर समस्या मे पडल बाडन । धान रोपल २५ से ३० दिन मे धानबाली मे ट्रप ड्रेसिङ के खातिर युरिया खाद छिटेके पडेला । माकिर पर्सा मे वितल ३ हप्ता एने से हि युरिया खाद के बहुते कमी बा । उहे मौका मे बजार के व्यपारी महंगा दाममे खाद बिक्री करत रहलन । अब कृषि सामग्री हि खाद के बिक्री वितरण बन्द कईला के बाद व्यापारी के कालाबजारी आउर बढेके जनावल गईल बा ।

सरकार विदेश से आयात कईल अनुदान के युरिया खाद के अधिकतम बिक्री मूल्य प्रति बोरा (५० किलो) ८ सय ५० रोपेया आ डीएपी खाद के मूल्य अधिकतम मूल्य प्रति बोरा २ हजार २ सय रोपेया तोकले बा । माकिर व्यापारीलोग अभी कमी देखावत युरिया खाद प्रतिबोरा १ हजार ३ सय रोपेया मे आ डीएपी खाद ३ हजार रोपेया मे बिक्री करके किसान के ठगत आईल बाडन ।

पर्सा के महादेवपट्टी के किसान जयराम राउत कहनी, ‘युरिया ना छिटला पर बाली हि बढिया ना होखी, ओहिसे केतना महाँगा भईला पर भी किनके छिटेके पडि, गाँव के चोक के दोकान से १५ सय तिर के एक बोरा लिअईनी ।’

युरिया खाद के खातिर चार दिन से गाँव के कृषि सहकारी संस्था मे दउडलापर भी ना मिलला के बाद चिन्ता मे पडल पर्सा निचुटा के किसान रमेश महत्तो कहलन, ‘काल्हु (एतवार) के दिने गईला पर सहकारी सञ्चालक अब २५ दिन के बाद मात्र खाद आई कहके खाली पठवलन ।’

युरिया खाद ना छिटला से ई पाली के धानबाली बिगडेके आ उत्पादन भी कम होखेके चिन्ता बढल बा । कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा के बाली संरक्षण अधिकृत सम्सुल मिया दर्जी के मुताविक धानबाली मे गाज छिटेके समय टप ड्रेसिङ करेके पडि ।

पर्सा मे रोपल धानबाली मे अभी टप ड्रेसिङ करेके समय भईल आ ई समय युरिया मल जरुरी पडि । माकिर बजार मे युरिया खाद के कमी भईला से किसानलोग समस्या मे पडल दर्जी बतवनी । दर्जी कहनी, ‘युरिया ना मिलला से किसान छट्पटा रहल बाडन, ई समय युरिया ना छिटला पर उत्पादन घटेके निश्चित हि बा ।’

सरकार से आयात कइल रासायनिक खाद, कृषि सामग्री कम्पनी लिमिटेड के प्रादेशीक कार्यालय पर्सा जिल्ला मे कृषि सहकारी संस्थामार्फत किसान के बिक्री करत आईल बा । आउर १५ जिल्ला मे मातहत के कार्यालय मे ट्रक मे डाल के पठा रहल बा । कार्यालय प्रमुख केसी के मुताविक पर्सा जिल्ला मे १ सय ३१ गो कृषि सहकारी संस्था कार्यालय से खाद खरिद करके किसान के सरकार से तोकल दाम मे बिक्री करत आईल बा । केसी के मुताविक कार्यालय से पर्सा जिल्ला के खातिर बितल सावन आ भादो २६ तक करके युरिया खाद ३ हजार ५ सय १२ मेट्रिक टन आ डीएपी मल १ हजार ३८ मेट्रिक टन वितरण कईल बा ।

अनुगमन ना भईला से कालोबजारी बढल

खाद के कमी रहल समय व्यापारी कालोबजारी कर रहल भईला पर भी सम्बन्धित निकाय अनुगमन ना कईला के चलते भी किसानलोग व्यापारी से महंगा दाम मे खाद किनेमे बाध्य बाडन । कृषि सामग्री कम्पनी प्रादेशीक कार्यालय के प्रमुख केसी के मुताविक कार्यालय से कृषि सहकारी संस्था से लेगईल खाद बिक्री वितरण के अनुगमन करेके जिम्मा सम्बन्धित पालिका से उपप्रमुख के संयोजकत्व मे गठन कईल समिति के तोकल गईल बा । माकिर पर्सा मे अभी तक उ समिति से अनुगमन करके बेसी दाम मे खाद बिक्री करेके कउनो भी कृषि सहकारी भा दोकानदार के कारवाही कईल नईखे मिलल ।

कृषि सामग्री कम्पनी प्रादेशीक कार्यालय के प्रमुख केसी स्वंय हि पर्सा के कुछ कृषि सहकारी खाद के कालाबजारी करके गैह्रजिल्ला के खाद व्यापारी के खाद बेंचल सिकाईत खुदतक भी आईल बतवनी । केसी कहनी, ‘हरेक पालिका उपप्रमुख के संयोजकत्व मे खाद वितरण समिति गठन कईले बा, माकिर उ समिति अनुगमन करके कारवाही कईल एगो भी घटना के जानकारी अभी तक हमनी के आईल नईखे ।’ उल्था अन्नपूर्ण

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।