बर्षात भईला से भदई धान के नोक्सान आ अगहनी के फायदा

प्रभु यादव
बारा ३१ भादो
वियफे के सझिया मे आईल हावा आ पानी से भदई धान के नोक्सान आ अगहनी धान के फायदा भईल बा ।
दु दिन से बादल लागल रहल आ हलका पानी परत रहल जवना से सभे धान के फयदा रहल रहे कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २ के मुक्तिनारायण यादव जनकारी करावले बानी । धान के रोपाई भईल समय से समय मे पानी परला से धान बहुत बढीया रहल जवना से किसान बाली के उत्पादन मे वृद्धि होखे के आसा राखले रहलन किसान यादव जनकारी करावले बानी ।
भदई धान मे अभि बाल लागल बा कवनो निकले जारहल बा जवना के आजु आईल हावा पानी से क्षति पहुचावल यादव जनकारी करावले बानी । जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ११ के संतोष कुमार वियफे के दिन सझिया मे आईल पुरवईया हावा आ पानी से भदई धान ढहगईल बा जवना के लचते उत्पादन मे कमी आवे के जनकारी करावले बानी । विशेष कर के तरकारी खेती करेवाला किसान लोग भदई धान लगवले बाडन उ लोग के उत्पादन लेवे समय मे बर्खा आ हावा से क्षति पुगवले बा संतोष कुमार दुख सुनावले बानी ।
प्राकृतीक भि किसान के सब दिन के कमाईल कमिनी अन्तिम समय मे नोक्सान कर के किसान के घाटा पहुचावे के काम कईल कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर ११ के राजकुमार साह बतावले बानी । बर्खा मात्र होईत तब कुछ ना होईत माकिर हावा आईला से भदई धान आ उख के खेती मे क्षति भईल साह जनकारी करावले बानी । कृषि ज्ञान केन्द्र के कृषि प्रसार अधिकृत रामजिवन ठाकुर पानी परल जवना से धान के फयदा भईल बा जनकारी करावले बानी । वियफे के दिन सझिया मे पानी सँगे सँगे आईल हावा से भदई धान मे लागल बाल सहित यदी माटी मे गिरगईल बा त कुछ उत्पादन मे ह्रास आवेके के ठाकुर जनकारी करावले बानी ।
जवन भदई धान के बाल मे फुल लागल होई ओह मे हावा आ पानी से ८० प्रतिशत नोक्सानी होखे के डर रहल अधिकृत ठाकुर जनकारी करावले बानी । रिलाईन्स सुगर मिल श्रीपुर बारा के कृषि प्राविधिक रामकुमार चौधरी हावा पानी से गिरल उख मे मुस लागे के अधिक डर रहेला जवना से उत्पादन मे कमी आवे के जनकारी करावले बानी । लमबा आ मोटा उख भईल जात के गिरला पर उठाके बानहे के झन्झट बढ गईल जवना से किसान के खर्चा बढ गईल ना बनहला पर उख सुखे के आ मुस खाए के अधिक सम्भना रहल जवना से उख के उत्पादन मे कमी होई चौधरी जनकारी करावले बानी ।






