किसान आ ग्राहक ठगा रहल बजार व्यवस्थापक गैर जिमेवार

प्रभु यादव
बारा ३१ भादो
बारा के सदरमुकाम कलैया मे रहल तरकारी बजार मे किसान आ ग्राहक ठगा रहल बाडन । आपन खेत मे उत्पादन कर के आईल किसान सब के तरकारी बजार मे बेचे आईला पर जगह ना देवे के आ व्यापारी सब दबा के मोल लगा के तरकारी किने मे बाध्य बना के लेलेवेला आ महँगा मे बेचेला नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी के प्रदेश नम्वर २ के सदस्य प्रभु प्रसाद यादव जनकारी करावले बानी ।
बजार मे किनेवाला ग्राहक सब के तौल मे कम देवे के आ मोल अधिक आपना खुसी लेवे के काम करहल बा माकिर कलैया उपमहानगरपालिका मे रहल बजार व्यवस्थापन समिति कवनो ध्यान ना देहला से गैर जिमेवार बन के रहला से नियत मे शंका लागल प्रदेश सदस्य यादव सिकायत कईले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ४ के ग्राहक उदव पोखरेल आपना सब के ईहे एगो बजार भईला से दुख आ पीडा सहत तरकारी किने मे बाध्य होके किनरहल जनकारी करावले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका बजार के ठेक्का लगा के पईसा उठारहल बा माकिर तरकारी किनेवाला ग्राहक सब के हित के खातिर कवनो काम ना कईला से ठगा रहल जवना के जिमेवार पालिका रहल पौडेल आरोप लगावले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका के उपमेयर रहिमा खातुन से जनकारी लेहला पर आपने न्यायिक समिति आ योजना के काम सब अनुगमन करे के परला से बजार अनुगमन उपसमिति बनावल गईल जवन काम ना करे सकल जनकारी करावले बानी । अनुगमन ना भईला से मनोपली व्यवसाय मे बढल देखल जाला तरकारी बजार मे बढल होसकता उपसमिति से अनुगमन करेला जनकारी लेके करावे के पहल करे के उपमेयर खातुन जनकारी करावले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका के बजार अनुगमन उपसमिति के संयोजक रामजी मण्डल से जनकारी लेहला पर ई बरीस मे अनुगमन ना कईल गईल माकिर तयारी कईल जारहल जनकारी करावले बानी । अभि चार्ड पर्व के समय मे समान के अभाव बना के ग्रहक सब से अधिक मोल लेवेला जवना के अनुगमन कर के करवाही करेला समिति के खातिर खर्च ना भईला से ना करे सकल बा मण्डल जनकारी करावले बानी ।
उपमेयर से छलफल भईल बा आवेवाला हप्ता मे अनुगमन करे के काम सुरू कईल जाई मण्डल जनकारी करावले बानी । नेपाल मे रहल राज्य सञ्चालन करे के खातिर अगाडि बढ रहल पार्टी सब मे उपभोक्ता मञ्च गठन रहल बा उलोग के ध्यान ना पुगरहल बा पुगे के परल ग्रहक लोग के कहनाम रहल बा ।






