पूर्वमन्त्री सोनल मन्दिर उदघाटन करे पुगला के बाद झडप

वीरगंज ०९ माघ
बारा के परवानीपुर गाँवपालिका–३ लिपनीमाल मे मन्दिर उदघाटन के बिषय मे लेके दु पक्ष बीच झडप भईल जनावल गईल बा ।
प्रदेश २ के पुर्व भौतिक पुर्वाधार तथा विकाश मन्त्री जितेन्द्र सोनल के कार्यकर्ता आ स्थानीय युवा बीच झडप भईल बा । प्रदेश सभा सदस्य सोनल पुख्र्याैली गाँव मे बनल ब्रह्मबाबा के मन्दिर जवरजस्ती उदघाटन करेके खोजला के बाद झडप भईल स्थानीयबासी बतवले बाडन ।
स्थानीय के मुताविक सोनल भौतिक पुर्वाधार तथा विकाश मन्त्री रहल समय मन्दिर निर्माण के खातिर ८ लाख बजेट छुट्यवले रहलन । गाँवपालिका ५ लाख बजेट छुट्यईला के बाद मन्दिर निर्माण पुरा भईल रहे । शनिच के दिने मन्दिर के उदघाटन सोनल हि जवरजस्ती करेके खोजला के बाद विरोध भईल रहे ।
जनता से तिरल कर से आईल सहजोग मे आदमी तानाशाही तरीका से सिलालेख मे नाम लिखावे के तइयारी कईला के बाद विरोध भईल स्थानीय राजेश यादव बतवनी ।
सोनल मन्दिर उदघाटन करे खातिर प्रहरी परिचालन करके पुगला पर भी स्थानीय युवालोग विरोध कईला के बाद उ बिना उदघाटन कईले फिर्ता गईल रहनी ।
सोनल के स्थानीय युवा घेराव करे लागला के बाद पुलीस उनका के बँचा के सुरक्षित जगहा मे लेगईल रहलन । उ धर्म के नाम मे राजनीति करेके खोजला के बाद बिरोध भईल रहे । एहितरे परवानीपुर गाँवपालिका के वार्ड नम्बर १ बुनियाद मे बितल २०७६ चईत ११ मे स्थानीय दलित के पुजा से रोक लगाके महायज्ञ के उदघाटन कईले रहलन ।
कुछ दिन पहिले प्रदेश २ के राजधानी जनकपुर घोषणा भईला के बाद चर्चा मे आवे खातिर आपन घर अज्ञात समुह द्वारा तोडफोड भईल कहके हल्ला फईलवले रहलन । ओकर भी व्यापक विरोध भईला के बाद आलोचित हि भईल रहलन ।






