संविधान सँचियावे के माग करत जनकपुरधाम मे लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी के प्रदर्शन

जनकपुरधाम ३ कुवार

संविधान के सँचियावे के माग करत लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी (लोसपा) एतवार के दिने जनकपुरधाम मे प्रदर्शन कईले बा ।

संविधान जारी भईल कुवार ३ के करिया दिवस के रुप मे मनावत लोसपा के नेता÷कार्यकर्ता प्रदर्शन कईले बाडन ।

स्थानीय जनक चोक से निकालल बिरोध जुलुस नगर के अनेकन भाग परिक्रमा करत फेनु जनक चोक मे पुगके कोणसभा के आयोजना कईल रहे । कोणसभा मे बोलत बक्तालोग संविधान ना सँचियावे तक बिरोध जारी रहेके बतवनी ।

प्रदेश सांसद परमेश्वर साह मधेशी जनता के छाती मे गोली ठोक के निर्माण कईल संविधान अभी भी अपूरो रहल बतवनी । हरेक नेपाली के संविधान बनावे खातिर खुदसस से कहत अईला पर भी शाषकवर्ग ना मानल उनकर कहनाम रहे ।

संविधान संशोधन ना करे तक हरेक बरीस कुवार ३ के करिया दिवस मनावेके उ बतवनी ।

हमनी के जनप्रतिनिधी बनावेवाला जनता संविधान के बिरोध करे खातिर म्यान्डेड देहल कहत उ मधेश आन्दोलन के बिरोधीलोग सत्ता मे भी रहेके संविधान के बिरोध भी करेके ? कहत आईल उ बतवनी । ‘सत्ता मे भी रहके संविधान के बिरोध करे ना मिली कहके कउन संविधान मे लिखल बा’ उ सवाल कइनी ।

कोणसभा मे पूर्व सुांसद अरबिन्द सांसद, कार्यकारिणी सदस्य रुक्मिणी मण्डल, प्रमोद यादव सहित संविधान संशोधन करेके बात मे जोड देहले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।