भारतीय जङ्गल मे च्याउ खोजे गईल ठोरी के ७४ बरीस के बुढ ३ दिन से बेपत्ता

मेघराज राय

जिराभवानी ०३ कुवार

पर्सा के ठोरी गाँवपालिका मे जङ्गली च्याउ खोजे गईल एक जने बुढ ३ दिन से बेपत्ता भईल बाडन ।

बितल कुवार १ गते शुक के दिने नेपाल भारत सिमाना मे पडेवाला भारत के जङ्गल मे च्याउ खोजे गईल वार्ड नं. ४ निर्मलवस्ती, स्याउली वस्ती के ७४ बरीस के बुढ सुन बहादुर बोम्जन बेपत्ता भईल बाडन । शुक के दिन मे करिब १२ बजे च्याउ खोजे घर से करीब १ किलोमीटर दुरी मे रहल दक्षिण ओरी पडेवाला भारत के वाल्मीकि टाइगरटप निकुञ्ज गईल बोम्जन सम्पर्कबिहिन भईल उनकर लगेके आफन्त परेके जीत बहादुर बोम्जन जानकारी देहनी ।

खास करके सभी जङ्गल जाएवाला बुढ बोम्जन शुक के सँझिया तक घर ना अईला के बाद उनकर आफन्त आ पडोसी शनिचर के दिनभर हि जङ्गल मे खोजी कईल जीत बहादुर जानकारी देहनी । करीब ६० जने से बेसी जङ्गल मे बोम्जन के खोजी कईला पर भी ना मिलल आ एतवार के दिने भी स्थानीय खोजी जारी राखल उ बतवनी ।

लगातार आफन्त आ पडोसी से खोजी कईला पर भी उनकर अवस्था जानकारी ना मिलला के बाद बोम्जन के खोजी करे खातिर निहोरा करत उनकर आफन्त पुलीस मे जाहेरी देहले बाडन । च्याउ खोजे गईल बुढ बोम्जन ३ दिन बिते लागला पर भी घर ना अईला के बाद ईलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी मे जाहेरी देहल उनकर आफन्तजन जानकारी देहनी । घर मे पालनपोषण करेवाला एकमात्र बुढ बोम्जन बेपत्ता भईला के बाद उनकर परिवार चिन्ता मे डुबल बाडन ।

उनकर मेहरारु लम्हर समय से अशक्त बाडि । साथ मे रहल एक मात्र बेटा मानसिक रुप मे सुस्त मनस्थिति आ आँख से भी ना देखाई देवेके अवस्था मे रहल उनकर पडोसी बतवले बाडन । बोम्जन बेपत्ता भईला के बाद उनकर घर मे बिचल्ली भईल बा । करिया बर्ण के बुढ बोम्जन के उचाई अन्दाजी ५ फीट ८ इन्च रहल बा ।

केहु देखला पर लगेके पुलीस चौकी मे खबर करे खातिर आफन्त निहोरा कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।