उत्पीडित समुदाय से संविधान आपन ना मानेतक संघर्ष जारी रही ः मुख्यमन्त्री राउत

वीरगंज ०३ कुवार
प्रदेश नं. २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत उत्पीडन मे परल समुदाय संविधान आपन ना माने तक संघर्ष जारी रहेके बतवले बाडन ।
वीरगंज घण्टाघरस्थित शहीद पार्क के ०६२–६३ आ ०७२ साल के मधेस आन्दोलन मे ज्यान गुमावल शहीदलोग तथा बाबा रामजनम तिवारी के प्रतिमा मे माल्यार्पण करे पुगल समय उ अईसन बतवले रहनी ।
‘सभी के संविधान ना होखे तक, उत्पीडन मे रहल समुदाय से आपन संविधान ह कहके महशुस ना करीहन, तब तक हमनी के संघर्ष जारी रही ।’ कहत उ ‘बाँकी अधिकार के खातिर पार्टी आन्दोलन मे हि बा ।’
मिलल उपलब्धि के संस्थागत ना होखे तक जनता समाजवादी पार्टी संविधान संशोधन के माग ना छोडेके उनकर कहनाम बा ।
संविधान मार्फत मिलल उपलब्धि के संस्थागत करत बाँकी अधिकार प्राप्ति के खातिर संघर्ष जारी रहल उनकर कहनाम बा ।
उ पुलीस दमन के शिकार होके घायल भईललोग के भी खुद ना भुलेके बतवनी । एहितरे सांसद प्रदीप यादव भी शहीदलोग के प्रतिमा मे माल्यार्पण कईले रहलन ।
कुवार ३ गते संविधान जारी भईल दिन वीरगंज मे विरोध प्रदर्शन भईल रहे । प्रदर्शन के समय मे पुलीस के गोली लाग के शत्रुधन पटेल के मृत्यु भईल रहे आ बगही के मन्सी पटेल आ बैरियाविर्ता के विजय यादव घायल भईल रहलन ।






