पप्पु कन्ट्रक्सन के लापरबाही, गुणस्तरहिन सामान के प्रयोग हो रहल, सम्बन्धित निकाय मौन

मेघराज राय

जीराभवानी ०४ भादो

पर्सा मे निर्माण होरहल हुलाकी सडक के निर्माण काम मे कमशल आ गुणस्तरहिन निर्माण सामान प्रयोग हो रहल बा ।

पर्सा के बीरगंज के प्रतिमा चौक से जिराभवानी गाँवपालिका के चमरी टोल तक ३० किलोमिटर के ठेक्का लेके पप्पु कन्ट्रक्सन लेहले बा ।

पप्पु कन्ट्रक्सन हुलाकी सडक निर्माण मे गुणस्तरहीन निर्माण सामान प्रयोग कर रहल स्थानिय के सिकाईत बा ।

जीरभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ भवानिपुर आ जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर दु बसन्तपुर गाँव मे सडक के किनार के नाला निर्माण काम मे ठेकेदार दु नम्बर इट्टा के प्रयोग कर रहल मिलल बा ।

सम्झौता मे नाला निर्मण मे एक नम्बर इट्टा प्रयोग करेके उल्लेख भईला पर भी ठेकेदार नाला निर्माण मे दु नम्बर इटा के प्रयोग कररहल आ स्टिमेट मुताविक काम ना भईल आ हुलाकी रास्ता बनावे के पडला पर रास्ता के बगल से माटी उठावे ना मिलेके भईला पर भी ठेकेदार कम्पनी खुदे मनोमानी तरिका से रास्ता के बगल से माटी उठावल भारतीय कन्सलटेन्ट इन्जिनियर बपन बोहरा बतवनी ।

नाला निर्माण के काल्हु स्थलगत निरिक्षण के समय मे दु नम्बर के इट्टा प्रयोग कईल आ रास्ता के बगल से माटी काट के हुलाकी रोड मे भरल कन्सलेन्ट से देखल कहत इन्जिनियर देहरा कमशल गुणस्तर के इट्टा प्रयोग कईल नाला भसका के दोसर नाला बनावे खातिर ठेकेदार के निर्देशन देवेके बतवनी । निर्देशन ना मानला पर ठेक्केदार के भुक्तानी रोकेके बतवनी ।

पर्सा मे निर्माण हो रहल ६० किलोमिटर के हुलाकी सडक के निर्माण दु कम्पनी ठेक्का लेहला मे बीरगंज के प्रतिमा चौक से जिराभवानी के चमरी टोल तक के काम सुस्त गति मे हो रहला से अभी ३२ प्रतिशत मात्र काम भईल आ जिराभवानी के चमरी टोल से ठोरी के चौतारा तक के ठेक्का लेहल कालिका बानिया जेभी कन्ट्रक्सन के निर्माण काम तेजी से हो रहला से कालिका बानियाँ के काम ६० प्रतिशत काम पुरा भईल हुलाकी सडक के अनुगमन के जिम्मा लेहल भारतीय कन्सलटेन्सी बपन बोहरा जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।