अमलेखगञ्ज मे पानी पुगाएम : मन्त्री शर्मा

वीरगंज ०७ कुवार,

प्रदेश २ के खानेपानी तथा उर्जा विकास मन्त्री ओमप्रकाश शर्मा बारा के अमलेखगञ्जबासी के जईसे भईला पर भी पिएवाला पानी के बन्दोबस्त करेके बतवले बाडन ।

वीरगंज मे आजु प्रदेश सांसद सँगे के बतकही मे उ पोखरिया जीतपुर से अमलेखगज मे पानी लेजाएके बन्दोबस्त करेके बतवनी ।

‘मोतिहारी से पेट्रोल लियावल जा सकता त पोखरिया जीतपुर से अमलेखगञ्ज पानी पुगावे काहे ना सकल जाई ?’ कहत उ ‘पाइप बिछावे खातिर सडक आ वन विभाग सँगे अनुमति लेवेके पडि । उ बारे मे छलफल हो रहल बा ।

मन्त्री शर्मा प्रदेश के सभी विद्यालय मे सोलार जडान करेके बतवनी । बतकही मे पूर्व भौतिक पूर्वाधारमन्त्री जितेन्द्र सोनल मानविय आ भौतिक विकास के सन्तुलन मिलाके विकास के काम अगाडि बढावेके बतवनी ।

प्रदेश सभा सदस्य राजेश्वर साह तेली मुख्यमन्त्री बेटी पढाउ, बेटी बचाउ अभियान मे व्यापक भ्रष्टाचार र्भल बतवनी । उ बेटी विमा योजना भी नारा मे मात्र सीमित भईल आरोप लगवनी ।

प्रदेश सभा सदस्य करिमा बेगम जनता आवास कार्जक्रम मार्फत प्रदेश के सभी विपन्न नागरिक के घर बनेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।