वीरगंज मे बहुते परिमाण मे प्रतिबन्धित भारतीय आयुर्वेदिक दवाई सहित एक जने पकडईलें
वीरगंज मे बहुते परिमाण मे प्रतिबन्धित भारतीय आयुर्वेदिक दवाई सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज २३ पुस
वीरगंज मे औषधि व्यवस्था विभाग एक गोदाम मे छापा मारके नेपाल मे प्रतिबन्धित बहुते परिमाण मे भारतीय आयुर्वेदिक दवाई बरामद कईले बा ।
विशेष सूचना के आधार मे वीरगंज स्थित औषधि व्यवस्था विभाग के निमित्त कार्यालय प्रमुख मुकेन्द्र पंजियार के नेतृत्व मे खटल टोली वीरगंज महानगरपालिका–१६ नगवास्थित एक घर के गोदाम मे छापा मारके करिब १५ लाख रोपेया मूल्य के प्रतिबन्धित आयुर्वेदिक दवाई बरामद कईले बा ।
बरामद दवाई के दुखाई कम करे खातिर मालिस करेके तथा खाएवाला झोल दवाईसब रहल पंजियार जानकारी देहनी । पंजियार के मुताविक नगवास्थित एक घर के गोदाम मे भण्डारण करके राखल अवस्था मे भारत पटना के श्री वैद्यनाथ आर्युवेद भवनद्वारा उत्पादित अनेकन ब्रान्ड के १८० गो कार्टुन मे रहल ८ हजार बोतल दवाई बरामद कईल बा । साथे भारत से अवैध रुप मे वीरगंज मे लियाके भण्डारण करेवाला सिरहा जिल्ला घर भईल हिमालयन सप्लायर के व्यवस्थापक महम्मद अतिक अनवर के नियन्त्रण मे लेहल गईल पंजियार जानकारी देहनी ।
पंजियार के मुताविक औषधि व्यवस्था विभाग से परीक्षण कईला पर ‘गुड म्यानुफ्याक्चरिङ प्राक्टिस’ मे भारत पटना के श्री वैद्यनाथ आर्युवेद भवनद्वारा उत्पादित दवाई अनुत्तीर्ण भईला से उ कम्पनी के कउनो भी दवाई नेपाल मे आयात आ बिक्री वितरण करे खातिर औषधि व्यवस्था विभाग एकरा से पहिले हि प्रतिबन्ध लगा चुकल बा ।
माकिर अनवर उ भारतीय कम्पनी के दवाई जानाजान आयात करके बिक्री वितरण के खातिर भण्डारण कईल सूचना मिलला के बाद सोमार के दिने गोदाम मे छापा मारके जफत कईला के साथे व्यवस्थापक अनवर के भी नियन्त्रण मे लेके कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावल गईल पंजियार बतवनी ।नियन्त्रण मे लेहल अनवर के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के हिरासत मे पठावल गईल जानकारी उ देहनी ।






