युरीया खाद खातिर किसान मे बेचैनी, पालिका सब गैर जिमेवार

प्रभु यादव

बारा ०७ अगहन

बारा के किसान सब युरिया खाद के खातिर बेचैन भईल बाडन आ पालिका सब गैरजिमेवार बनल बा । अगहनी सिजन मे तईयार होखेवाला धान खेत मे अन्तिम बेर युरिया खाद छिटेला किसान सब खोजि करत घुमरहल बाडन ।

खेत मे लगावल अगहनी धान मे सभे खर्चा लगावल गईल बा माकिर अन्तिम समय मे युरीया खाद ना छिटाई तब उत्पादन घटके खर्चा आवे मे समस्या होई चिन्ता मे पर के आपने पाँच दिन से घाम भर खाद के खोजि मे रहल कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ११ के रामाशंकर यादव जनकारी करावले बानी ।

नेपाल सरकार से अनुदान मे आईल युरिया खाद कृषि सामाग्री कम्पनी लिमिटेड शाखा कलैया मे रहल बा जवना के लेवेला स्थानिय सरकार के सिफारीस मे मिलेवाला रहल माकिर सिफारीस ना कईला से डिलर सब खरीद करे ना सकरहल कलैया के खाद विक्रेता डिलर वाला सदस्य सब के सिकायत रहल बा । कलैया उपमहानगरपालिका के भाग मे जिल्ला मल आपुर्ती सहजिकरण समिति से कईल गईल निर्णय के बेवास्ता करत डिलर सब के सिफारीस ना करे सक रहल आरोप मल खाद डिलर के रहल बा । कलैया उपमहानगरपालिका के भाग मे युरिया खाद एक सय ८० बोरा एक हप्ता पहिले मिलल माकिर पालिका मल व्यवस्थापन तथा आपुर्ती समिति उपमेयर रहिमा खातुन के संयोजकत्व मे रहल तीन सदस्यीय एक आपस मे दोषी बनावत खाद ना वितरण करहल डिलर के जिमेवार लोग आरोप लगावले बाडन । कृषि शाखा मे रहल आ मल आपुर्ती समिति के सदस्य सचिव सुरेश धमला संयोजक के आदेश मिलला पर आपने बाट सकतानी कह के किसान आ डिलर वाला के झुकियावे के काम करहल सिकायत रहल बा ।

मल आपुर्ती समिति के संयोजक उपमेयर रहिमा खातुन से जनकारी लेहला पर प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत प्रेमचन्द्र जयसवाल से सम्पर्क करी कहके पन्छे के काम कईल खाद विक्रेता डिलर वाला के सिकायत रहल बा । निमित्त प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत जयसवाल से जानकारी लेहला पर कृषि शाखा मे सम्पर्क करे के कहत चकर काटे के परल डिलरवाला सब के सिकायत रहल बा । सामाग्री मे आईल युरिया खाद ना देवे के आ आलटाल करे के काम कुछ नियत मे छलकपट रहल किसान लोग के सिकायत रहल बा ।

एक सय ८० बोरा युरिया खाद से करीब पाँच सय जने छोटका किसान के खाद मिले के आ आवस्यकता पूरा होसके के किसान कलैया २ के हिरामन गिरी के कहनाम रहल बा । खाद ना बाँटला से बजार मे महङ्गा दाम मे किलो के ४० रोपेया मे किने मे बाध्य होखे के परल गिरी जनकारी करावले बाडन । कलैया उपमहानगरपालिका के कृषि शाखा के कुषि जेटीए सुरेश धमला से जनकारी लेहला पर मल आपुर्ती समिति से निर्णय ना मिलला से डिलर सब के खाद लेवेला सिफारीस देवे ना सकल गईल जनकारी करावले बाडन ।

एक हप्ता पहिले ३६ गो खाद विक्री करेवाला डिलर के १७ बोरा के दर से युरिया खाद के सिफारी कईल गईल रहल बाकी दुसरा बेर आईल कोटा के वियफे के दिन से पाँच बोरा देवे के समिति से बातचित भईल धमला जनकारी करावले बानी । कृषि सामाग्री कम्पनी लिमिटेड शाखा कलैया के शाखा प्रवन्धक पुरूषोतम कुमार सिंह से जनकारी लेहला पर एक महिना पहिले सहज खाद के आपुर्ती रहल जवना बेर सभे पालिका के दमासाही कर के ४० बोरा से एक सय बोरा तक बाटल गईल रहल जनकारी करावले बानी ।

खाद आपुर्ती मे असहज भईल समय मे सामाग्री के मिलल खाद मे जिल्ला मल आपुर्ती तथा सहजिकरण समिति के छलफल से बारा के १६ वाँ पालिका मे भागबन्डा लगा के देहल पहिलका बेर के खाद करिब सभे डिलर सिफारीस लिया के लेगईल जनकारी करावले बानी । एक हप्ता पहिले भाग बन्डा लगावल गईल युरिया खाद सिम्रौनगढ नगरपालीका के दु सय बोरा, कलैया उपमहानगरपालीका के एक सय ८० बोरा, विश्रामपुर गाँवपालिका, परवानीपुर गाँवपालिका, प्रसौनी गाँवपालिका, फेटा गाँवपालिका आ बारागढी गाँवपालिका के जनही ४० बोरा युरीया भाग बन्डा पर ना लेजारहल शाखा प्रवन्धक सिंह जनकारी करावले बानी ।

पालिका सब मे जनकारी करवा देहल गईल बा ना लेजारहल बा त आवेवाला हप्ता मे जिल्ला मल आपुर्ती तथा सहजिकरण समिति के बईठक से निर्णय कर के आवेवाला के देवेला सहमति करे के उपाय कईल जाए के सिंह जनकारी करावले बानी । किसान सब आठ सय ६० से नव सय तक मे बेचाएवाला युरिया खाद दु हजार तक मे किने बाध्य भईल जवना के देखके आपन जिमेवार बहन करे के पालिका सब के ध्यान करेला जनकार किसान सब के कहनाम रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।