लागुऔषध सहित एक युवक पकडईलें

वीरगंज २१ जेठ
बहुते परिमाण मे प्रतिबन्धित लागुऔषधसहित सशस्त्र पुलीस के टोली आजु सबेरे बारा के विश्रामपुर गाँवपालिका–३ स्थित खुदियाटोला से एक युवक के पकडले बा ।
सशस्त्र प्रहरी वेश क्याम्प (बिओपी) बरैनिया से सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक नारायण सिंह ऐरी नेतृत्व मे खटल गस्ती टोली भारतीय बजार ओरी से आ रहल अवस्था मे चेकजाँच कईला पर बहुते परिमाण मे लागुऔषधसहित विश्रामपुर गाँवपालिका–३ मुसहर्वा रहेवाला १८ बरीस के धनञ्जय यादव के पकडले बा ।
पकडाईल यादव के साथ से लागुऔषध नाइट्रोजेपान ६०० थान आ बाइन करेक्स १४७ बोटल बरामद् भईल सशस्त्र प्रहरी बल गण नं १२ के गणपति सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक दिग्विजय सुवेदी जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक जरुरी कानुनी कारवाही के खातिर यादव के नेपाल पुलीस के बुझवले बा ।
पकडाईल यादव उपर आउर अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।






