दशहरा के साइत सार्वजनिक, विजयादशमी कुवार २९ गते १०ः०२ बजे शुभ

काठमाण्डु, ८ कुवार

नेपाल पञ्चाङ्ग निर्णायक समिति ई बरीस के बडादसैँ के अनेकन साइत सार्वजनिक कईले बा ।

कुवार २१ गते बियफे के सबेरे ११ः४६ बजे घटस्थापना के साइत रहल समिति के अध्यक्ष प्रा श्रीकृष्ण अधिकारी जानकारी देहनी । घटस्थापना के दिन चित्रा नक्षत्र आ वैधृति योग परला से ११ः४६ बजे से पहिले चित्रा नक्षत्र आ वैधृति योग के शान्ति करके घटस्थापना करेके पडि ।

कुवार २२ गते शुक के दिने झण्डा बदलेके साइत ११ः५६ बजे रहल बा । पश्चिम घुमके झण्डा बदलेके उ जानकारी देहनी । कुवार २५ गते सोमार के दिने पचली भैरव यात्रा कईल जाला । कुवार २६ गते मंगर के दिने फूलपाती परल बा । फूलपाती सँझिया के समय मे करेके आ एकर साइत जरुरी ना परेके अध्यक्ष प्रा अधिकारी बतवनी ।

फूलपाती के दिन तुलजा भवानी के मूल मन्दिर से हनुमानढोका के मूल चोक मे यात्रा करावल जाला । मूलचोक मे भवानी के साक्षी राख के महाअष्टमी के दिन रात मे कालरात्रि पूजासहित राज्यको ओरी से बोका आ पाडाके बलि देहल जाला । तुलजा भवानी यात्रा के साइत सबेरे ७ः११ बजे रहल बा । तुलजा भवानी के सबेरे ८ः४४ बजे स्थिरासन करावल जाई । कुवार २७ गते बुध के दिने महाअष्टमी, उहे रात कालरात्रि के पूजा करेके समिति जनवले बा ।

कुवार २८ गते बियफे के दिने महानवमी पर्व मनावल जाला । कुवार २९ गते शुक के दिने विजयादशमी पर्व परल बा । घटस्थापना के दिन से पूजा आराधना करेवाला देवी के सबेरे ८ः१९ बजे विसर्जन करेके साइत बा । विजयादशमी के दिन साइत खोज के टीका लगावे खातिर सबेरे १०ः०२ बजे के साइत शुभ रहल बा । टीका लगावेवाला आदमी पूर्व ओरी घुमेके समिति जनवले बा । उ दिन से कोजाग्रत पूर्णिमा तक दुर्गा भवानी के प्रसाद लगावल जा सकता ।

विजयादशमी के दिन सबेरे ७ः०१ बजे तुलजा भवानी के मूल चोक से मूल मन्दिर मे फिर्ती यात्रा करावेके साइत बा । तुलजा भवानी के सबेरे ८ः३२ बजे स्थिरासन करावेके साइत भी समिति निकलले बा । खड्गयात्रा भी इहे दिन कईल जाई । कुवार शुक्ल पूर्णिमा के दिन कातिक २ गते सभी बलि पूर्ति कईल जाई । एहितरे रात कोजाग्रत पूर्णिमा पर्व मनावल जाला ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।