जनता समाजवादी पाटी रौतहत द्धारा आन्दोलन के घोषणा

मेवालाल यादव
रौतहट ०७ पुस
जनता समाजवादी पार्टी संसद विघटन विरुद्ध आन्दोलन करेके घोषणा कईले बा । मंगर के दिने बईठल पार्टी के जिल्ला कार्यकारिणी समिति के बईठक से पुस ८ गते १ बजे से आन्दोलन कार्जक्रम घोषणा कईले बा ।
पुस ८ गते रौतहट जिल्ला के सदरमुकाम गौर मे प्रदर्शन करेके राष्ट्रपति आ प्रधानमन्त्री के पुत्ला जरावेके, रौतहट जिल्ला के सदरमुकाम गौर मे मसाल जुलुस निकाले के आ जनप्रदर्शन करेके निर्णय भईल जिल्ला अध्यक्ष धर्मेन्द्र पटेल जानकारी देहनी ।
जसपा संसद अभी भी जीवित रहल निसकर्ष निकालत अधिवेशन आह्वान करे खातिर सभामुख के निहोरा करेके निर्णय भी कईल प्रदेश सांसद बाबुलाल शाह बतवनी ।
रौतहट जिल्ला के चर्चित बिधायक राम किसोर यादव बईठक मे पार्टी के सभी कार्यकार्ता के बिहान १ बजे से रौतहट जिल्ला के गौर बि.पि. चौक से भन्सार तक मसाल जुलुस निकालेके आ जनप्रदर्शन करेके निर्णय कईल बतवनी ।






