बालु गिट्टी के लगावल ठेक्का के विरोध करत ज्ञापन पत्र

प्रभु यादव

बारा १२ कुवार

बारा के निजगढ नगरपालिका से लगावल गईल बालु गिट्टी के ठेक्का के विरोध करत जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे ज्ञापन पत्र बुझावल गईल बा ।

चुरे तथा वनजंगल संरक्षण अभियान बारा के संयोजक सुरज कुमार गुप्ता के अगुवाई मे पुगल लोग प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्णबहादुर कटुवाल के ज्ञापन बुझावले रहलन । कलैया के रामजानकी मन्दीर से बाईनर सहित के जुलुस लेके नगर परिक्रमा कर के जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा मे ज्ञापन पत्र बुझावले बाडन ।

निजगढ नगरपालिका के वार्ड नम्वर ३ के बगरे नदि, वडा नम्बर १२ के भक्तलाल, वडा नम्वर १ के धन्सर नदि, वडा नम्वर ४ के बकैया नदि आ १३ के शक्ति खोला नदि मे बालु ढोगा उत्खनन करेला लगावल गईल ठेक्का रोके के खातिर ज्ञापन पत्र बुझावले बा । चुरे के उत्खनन से दिन दिने पानी के स्रोत मरहल ज्ञापन पत्र मे जनकारी करावले बा ।

सावन १३ गते विज्ञापन निकालल ठेक्का रोकल गईल रहे । बनजंगल मे रहल कवनो चिज के ठेक्का लगावे मे वन कार्यालय से समन्वय करे के परेला ना कर के आर्थिक प्रलोभन मे पर के ठेक्का लगावे के काम कईल गईल विज्ञाप्ती मे जनावल गईल बा ।

चुरे दोहन से मधेश के जमिन सब क्षति होरहल जवना के कवनो ध्यान ना देके राष्ट्रपति चुरे तराई मधेश संरक्षण विकास समिति खुमलटार काडमाण्डु आ जिल्ला समन्वय समिति बारा नदि उत्खनन के खातिर निजगढ नपा के कईल सहमति आपतिजनक रहल विज्ञप्ती मे उल्लेख कईल गईल बा । कईल गईल सहमति फिर्ता लेवे के आ निजगढ नपा से कईल गईल ठेक्का फिर्ता ना लेहला पर चुरे तथा बनजगल सरक्षण अभियान बारा आन्दोलन करे मे मजबुर होई जनकारी विज्ञप्ती मे करवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।