माओवादी केन्द्र के विस्तारीत बईठक मे पार्टी प्रवेश

प्रभु यादव

बारा १२ कुवार

बारा के सदरमुकाम कलैया मे नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी माओवादी केन्द्र के कलैया उपमहानगरपालिका कमिटी के विस्तारीत बईठक सम्पन्न भईल बा ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी माओवादी केन्द्र के बारा ईन्चार्ज डाक्टर गोपाल ठाकुर असन्तुष्ट हि विहान के सफलता के किरण हवे आज दस जने के कारण माधवकुमार नेपाल प्रचण्ड संगे होखे ना सके के आरोप लगवले बानी ।

पार्टी के प्रदेश २ कमिटी सदस्य लालकिरण श्रेष्ठ शिक्षा संस्कृती, कलासाहितय खेलकुद के क्षेत्र मे मधेश मुल के साथ कहिना कहि विभेद कईले बा आपन मन छुले बा जनकारी करावले बानी ।

पुल नदि मे लगावल जाला जवना से सिधा जनता से सरोकार राखेला ओईसही पार्टी सदस्य आ पार्टी के साथे सम्बन्ध बनावेला बईठक मे श्रेष्ठ जनकारी करावले रहनी । संविधान सभा सदस्य आ प्रदेश २ के पार्टी सदस्य जयराम दाहाल पार्टी के सब से अधिक बरियार वडा कमिटी भईल जवना के चुनल लोग नगर, प्रदेश होते केन्द्रीय कमिटी मे पुगेला जनकारी देहत कार्यकर्ता के हौसला बढवले रहनी ।

प्रदेश नम्वर २ के पार्टी प्रदेश सदस्य प्रभु यादव जिम्मेवार नेता लोग बईठक बईठल समय मे पुगेके आ कार्यकर्ता लोग के समस्या समाधान करेला प्रयासरत रहे के जनकारी करावले रहनी ।

अभि के समय मे चार महिना धान मे कईल खर्च किसान लोग के खाद ना मिलला से डुबे जारहल कहत पहल करे के सभे जने के प्रदेश सदस्य यादव सुझाव देहनी । प्रदेश सदस्य राजन पौडेल पार्टी के सदस्य लोग के सकृय होखेवाला दिन आईल बा लागे के आग्रह कईले बानी । बहुते पार्टी छोड के माओवादी केन्द्र मे प्रवेश करेवाला लोग के कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी गोपाल ठाकुर माला आ टीका लगा के समान कईले रहनी ।

पार्टी प्रवेश करेवाला एमाले पार्टी के खेलकुद महासंघ नगरकमिटी सचिव रियाजुल ईस्लाम, माध्यमाञ्चल खो खो खेलाडी बिजय चौधरी, कबडी के नेशनल कप्तान धर्मराज कुशवाहा, खेलाडी रोमन कुमार राम, दिलिप पटेल, अमन पटेल, मंजु पटेल, श्याम पटेल, राजकुमार राम, सुमन साह, राजेश तिवारी, अनिल गुप्ता, बलराम दास, विशाल राम, मुकेश राम आ सुजित भुजेल लगायत के लोग पार्टी प्रवेश कईले बानी ।

कलैया उपमहानगरपालिका नगर सचिव तथा जिल्ला कमिटी सदस्य मुकेश साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे स्वागत मन्तव्य जिल्ला कार्य समिति सदस्य रमेश साह रहल जवना मे आबिद अंसारी, उमेश यादव, मिना सिंह, कलैया उपमहानगर पालिका वार्ड १३ के अध्यक्ष राजन पटेल, वार्ड नं. २३ अध्यक्ष बिक्रम साह, अनेरास्ववियु (क्रान्तिकारी) बारा जिल्ला अध्यक्ष संदिप यादव, योङ कम्युनिस्ट लिंग कलैया उपमहानगरपालिका अध्यक्ष समिबाबु अखतर, रमोद यादव, अवधेश पटेल, राजेश्वर कुश्वाहा, बिनोद कुमार गुप्ता, मन्दिप यादव, शम्भु पाण्डे, चन्दा देबि सिंह, हरिनारायण सिंह, समसुल अंसारी, मकसुद अंसारी, प्रमानन्द कुश्वाहा, श्यामबाबु कुश्वाहा, इन्द्रदेव यादव, सुनिल कुश्वाहा लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।