जसपा निकललख मसाल जुलुस
प्रभु यादव
बारा १६ कुवार
बारा सदरमुकाम कलैया मे जनता समाजवादी पार्टी बारा मसाल जुलुस प्रदर्शन कईले बा । प्रदेश नम्वर २ के मुख्यमन्त्री कार्यालय जनकपुर मे अख्तियार दुरुपयोग आयोग बर्दिवास से मारल गईल छपामारी के विरोध करत मसाल जुलुस निकालल गईल रहे ।
पार्टी के बारा अध्यक्ष अजय पटेल के अगुवाई मे रामजानकी मन्दिर से निकलल मसाल जुलुस नगर परिक्रमा कर के भरत चौकपर कोण सभा कईले रहल । जनता समाजवादी पार्टी के प्रदेश नम्बर २ के कार्यालय से तय कईल आन्दोलन के कार्जक्रम मसाल जुलुस निकालल गईल प्रदेश सभा सदस्य पारस साह जनकारी करावले बानी । भ्रष्टाचार के विरोध करत आ अनुसंधान के सहयोग करे काम करत आईल लोग के राजनिति कर के बदनामी करावेला छपामार शैली मे कईल गईल अख्तियार के काम के विरोध करे के पडल प्रदेस सदस्य साह जनकारी करावले बानी । विरोध कार्जक्रम मे पार्टी के कलैया नगर अध्यक्ष शिवनाथ पटेल सहित नेता कार्यकर्ता के सहभागिता रहल रहे ।
पर्सा÷ एहितरे पर्सा के वीरगंज मे भी जनता समाजवादी पार्टी मसाल जुलुस प्रदर्शन कईले बा । पार्टी के वीरगंज महानगर अध्यक्ष ईश्वर यादव के नेतृत्व मे घण्टाघर से निकलल मसाल जुलुस माईस्थान, आदर्शनगर, घडिअर्वा होत फेनु घण्टाघर मे पुगके कोणसभा मे परिणत भईल रहे । कोषसभा मे पार्टी के पर्सा अध्यक्ष रामनरेश यादव, सचिव सचिव तबरेज अहमद लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
मसाल जुलुस मे प्रदेश सभा सदस्य करिमा बेगम, मंजुर अंसारी एहितरे फिरोज अंसारी, युवा नेता कुन्दन पटेल, शेख रुस्तम, ताहिब हुसैन, रमेश यादव, मनोज यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।


