महानगर प्रमुख सरावगीद्वारा ढलान निर्माण के अनुगमन निरीक्षण

वीरगंज १७ कुवार

वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी नगर स्तरीय बजेट से निर्माण भईल भौतिक संरचना के स्थलगत अनुगमन निरीक्षण कईले बानी ।

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १४ पिपरा नयाँवस्ती मे निर्माणाधिन सडक ढलान के आजु स्थलगत अनुगमन निरीक्षण कईले बानी । सडक ढलान के निरीक्षण सँगे उ सडक से जुडल सहायक सडक के भी निर्माण करे खातिर निर्देशन देहले बानी ।

अनुगमन निरीक्षण के समय मे महानगर प्रमुख सरावगी गुणस्तरीय निर्माण मे स्थानीय के भी चासो आ चिन्ता होखेके बतवनी । उ महानगरपालिका के बजेट बेकार जाए ना देवे खातिर नगरवासी के भी ओतने जिम्मेवारी रहल बतावत कहुँ कमसल निर्माण सामान प्रयोग आ गुणस्तरहिन काम हो रहल बा त खबरदारी करेके बतवनी ।

ठेकेदार आ उपभोत्ता समितिसब के आर्थिक लाभ लेवेके स्वार्थ के चलते गुणस्तरहिन काम हो रहला मे ओमे स्थानीयवासी के खबरदारी जरुरी रहल बतवनी । अनुगमन के समय मे नयाँवस्ती मे देखल गईल आउर समस्यासब के बारे मे भी स्थानीय नगर प्रमुख सरावगी के जानकारी करवले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।