कुस्ती खेल मधेस के पहिचान : मेयर सरावगी

वीरगंज २१ कुवार
कुस्ती खेल मधेस आ मधेसी के पहिचान भईल वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी बतवले बानी ।
हरेक बरीस जईसन ई बरीस भी वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नम्बर २८ बगही (ईनर्वा टोल) मे आयोजना कईल माहाविरी मेला आ कुस्ती प्रतियोगिता के बियफे के दिने उदघाटन करत नगरप्रमुख बिजय कुमार सरावगी मधेस मे लोकप्रिय रहल कुश्ती खेल राष्ट्रियस्तर मे मधेसी आ अन्तराष्ट्रिय स्तर मे नेपाल के नाम कमाईल बतवनी । उ लोकप्रिय आ अन्तराष्ट्रिय स्तर मे भी स्थापित होखे सकेवाला खेल राज्य के उपेक्षा मे परल कहत एकरा के स्थानीय तह के सरकार सकेभर सम्वद्र्धन मे सहजोग करेके बतवनी ।
कार्जक्रम मे जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) के जिल्ला अध्यक्ष रामनरेश यादव, जयनारायण कुर्मी लागायत के सहभागीता रहल रहे ।





