प्रसौनी गा.पा. रोड मे सिसिटिभी क्यामेरा लगवलख

वीरगंज २२ कुवार

बारा के प्रसौनी गाँवपालिकाद्वारा संचालित सिसिटीभी क्यामेरा के आजु एगो कार्जक्रम के बीच समुदघाटन भईल बा ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी प्रसौनी गाँवपालिका के प्रमुख भोला गुप्ता २१ गो सिसिटिभी क्यामेरा जोडल गईल बतावत एकरा से ई क्षेत्र मे अब चोरी, डकैती, लागू पदार्थ सेवन लगायत के घटनासब नियन्त्रण करेमे सहजोग पुगेके बतवले बानी ।

उ गण्डक, प्रसौनी बजार से भलुहि चौक तक सिसिटिभी क्यामेरा के विशेष निगरानी होखेके बतावत प्रसौनी मात्र ना होके कलैया बजार तक आउर पालिका से समन्वय करके सिसिटिभी क्यामेरा जडान करे खातिर तइयार रहल बतवनी ।

कार्जक्रम मे बारा के प्रहरी उपरीक्षक दीपेन्द्र शाही सिसिटिभी क्यामेरा जडान से शान्ति सुरक्षा लगायत चोरी, डकैती, लागू पदार्थ सेवन आदि रोकथाम करेमे विशेष सहजोग पुगेवाला भईला से ई काम के खातिर प्रसौनी गाँवपालिका के विशेष धन्यवाद देहनी ।

कार्जक्रम मे नेपाल तरुण दल बारा के अध्यक्ष तथा नेपाली कांग्रेस के महासमिति सदस्य लोकेश सिंह शुभकामना देत सिसिटिभी क्यामेरा जोडला से अब ई क्षेत्र मे शान्ति सुरक्षा मे बडका सफलता मिलल बतवनी ।

प्रसौनी गाउँपालिका के शान्ति सुरक्षा के खातिर सिसि क्यामेरा जडान सिसि केमरा प्रसौनी चौक मे ६ गो, गणडक चौक मे ३ गो, भलुहि चौक मे १ गो, बेगा साह माध्यमिक बिधालय मे २ गो, गाँवपालिका कार्यालय लगे २ गो, पतन्जली कम्पनी अगाडी १ गो, प्रसौनी चौक से दखिन ओर २ गो, गाँवपालिका अध्यक्ष भोला गुप्ता के घर लगे २ गो, प्रसौनी बजार एरिया लगे २ गो जडान कईल गईल प्रसौनी गाँवपालिका जनकारी करावले बा । कार्जक्रम मे स्वागत मन्तब्य गाँवपालिका उपप्रमुख गिता साह कईले रहनी आ सञ्चालन नि. प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सुरेश साह कईले रहनी । कार्जक्रम मे इलाका प्रहरी कार्यालय प्रसौनी के प्रहरी निरीक्षक विन्देश्वर यादव, वार्डअध्यक्ष, सुरक्षाकर्मी, कार्यपालिका सदस्य, समाजसेवी, बुद्धिजीवी लगायत सञ्चारकर्मीलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।