कांग्रेस के प्रतिनिधिमण्डल आ उत्तरप्रदेश के मुख्यमन्त्री बीच भेटवार्ता

काठमाण्डु, २३ कुवार
भारत भ्रमण मे रहल नेपाली कांग्रेस के प्रतिनिधिमण्डल आ भारत के उत्तर प्रदेश के मुख्यमन्त्री योगी आदित्यनाथबीच आजु सबेरे भेटवार्ता भईल बा ।
उत्तरप्रदेशस्थित मुख्यमन्त्री आदित्यनाथ के कार्यालय मे आजु भईल भेट मे नेपाल–भारत सम्बन्ध के विविध विषय मे छलफल भईल उ प्रतिनिधिमण्डल के नेतृत्व कईल नेपाली कांग्रेस के सहमहामन्त्री डा प्रकाशशरण महत जानकारी देहनी ।
उ समय मे खुदसब नेपाल–भारत सम्बन्ध द्विपक्षीयहित तथा दु देशबीच के राजनीतिक धार्मिक सांस्कृति ऐतिहासिक एवं जनता बीच के सम्पर्क के विविध आयाम के बारे मे बात उठावल जानकारी डा महत देहनी । भेट के समय मे मुख्यमन्त्री आदित्यनाथ नेपाल सँगे सम्बन्धित विविध मुद्दा एवं विषयवस्तु के भारत हरदम प्राथमिकता मे राखल बतवनी । मुख्यमन्त्री भारत नेपाल सँगे के सम्बन्ध के मुख्य प्राथमिकता मे राखल जनावत नेपाल आ नेपाल के रष्ट्रियता बरियार होखेके पडि आ मात्र एमे भारत के हित बा कहल डा महत जानकारी देहनी ।
उ भेट के समय मे खुद बनारस मे रहल नेपाली मन्दिर हिन्दू करिडोर निर्माण के समय मे विस्थापित होखे सकेके विषय मे चासो राखल आ मुख्यमन्त्री आदित्यनाथ उ मन्दिर उहाँ से विस्थापित ना होखेके आ उचित स्थान मे निर्माण होखेके विषय मे खुद से निर्देशन देहल जानकारी भी देहल डा महत बतवनी ।
भारतीय जनतापार्टी के निमन्त्रण मे तीन दिन पहिले भारत गईल डा महत नेतृत्व के उ प्रतिनिधिमण्डल मे कांग्रेस के नेताद्वय उदयशमशेर राणा आ अजय चौरसिया बानी । आजु के भेट मे भारतीय जनतापार्टी के विदेश विभाग प्रमुख विजय चौथाइवा आ दोसर नेता आश्विन जोहर रहनी ।






