कुस्ती खेल मधेश के सान ह : सांसद यादव

बारा २३ कुवार
बारा के परवानीपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ५ बहुअरी टोल मे शनिचर के दिने विराट कुस्ती प्रतियोगिता पुरा भईल बा ।
श्री महावीरि झण्डा मेला के उपलक्ष्य मे उ प्रतियोगिता पुरा भईल बा । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि पर्सा क्षेत्र नं १ के प्रतिनिधि सभा सदस्य तथा जन्ता समाजवादी पार्टी के युवा नेता प्रदीप यादव एतना बढिया प्रतियोगिता आयोजना कईला मे आयोजक समिति के धन्यवाद देहले रहनी । सांसद यादव कुस्ती मधेश के सान रहल आ पहलवानी खेल भी देश के सान बढावेवाला भईला से एकर भी विशेष महत्व रहल बतवनी ।
उ पहलवानलोग के हक मे केन्द्र सरकार खासे कुछ ना कईल आ प्रदेश सरकार भी कुस्ती मे लगानी ना कईल आ खेलाडीलोग के कउनो सुबिधा ना देके उलोग के मनोबल गिरावेके काम कईला पर आजु पहलवानलोग निरास भईल आ एकरा के ध्यान मे राख के पहवालानलोग के खातिर रोजगारी के व्यवस्था करेके माग कईनी ।
कार्जक्रम मे परवानीपुर गाँवपालिका के कार्यपालिका सदस्य संजु साह स्वागत मन्तब्य राखत खेल जीवन ह, ना हारीं ना जितिं, जीवन खेल ह एकरा के खेलीं आपन कहनाम रखले रहनी । उ ई प्रतयोगिता से खेलाडीलोग के भविष्य उज्वल रहल आ आवेवाला दिन मे आउर अईसन प्रतियोगितासब आयोजना होखो कहके शुभकामना व्यक्त कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे गाँवपालिका प्रमुख हरिनारायण साह, वार्ड नं ५ के वार्ड अध्यक्ष रामेश्वर साह, पाँच गो वार्ड के वार्ड अध्यक्षलोग, कार्यपालिका सदस्य, राजनीतिक दल के प्रतिनिधिलोग, सुरक्षाकर्मी, स्वच्छ समाज युवा क्लब के अध्यक्ष भूपेन्द्र पटेल, उपाध्यक्ष उमेश साह, प्रमोद यादव, पडोसी देश भारत के, गोरखपुर, लुधीयना, पटना, बिहार, पंजाब, आ नेपाल से जनकपुर, बारा पर्सा लगायत के जिल्ला से पहलवानलोग के जोरदार कुस्ती प्रस्तुत कईल रहे । कुस्ती प्रतियोगिता मेला समिति के अध्यक्ष महावीर प्रसाद यादव के अध्यक्षता मे पुरा भईल रहे । प्रतियोगिता मे बारा, पर्सा, रौतहट जिल्ला के सर्व साधारणलोग के उपस्थिति रहल रहे ।






