पशु प्राविधिक यादव के १३ वाँ दिन के पुण्य तिथिमे श्रद्धाञ्जली सभा

प्रभु यादव

बारा २० कातिक

बारा के महागढीमाई ७ बेनौली मे स्वर्गीय पशु प्राविधिक राकेश यादव के १३ वाँ दिन के पुण्यतिथि मे श्रद्धाञ्जली सभा कर के चिरशान्ति के कामना कईल गईल बा ।

नेपाली काँग्रेस बारा के सचिव भैयाराम यादव के सभापतित्व मे भईल श्रद्धाञ्जली सभा मे नेपाली काग्रेस के केन्द्रीय नेता फरमुल्लाह मंसुर, शोभाकर पराजुली, महागढीमाई नपा के मेयर उपेन्द्र यादव, उपमेयर तारा देवी कानु, सुवर्ण गाँवपालिका के अध्यक्ष राजेश यादव, सत्यन्द्र यादव, गोपाल सेवा समिति बारा शाखा के अध्यक्ष जगबहादुर यादव, शिक्षक, नगरपालिका, गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत, जिल्ला भर के एक गाँव एक प्राविधिक कर्मचारी सब सहभागी होकर के स्वर्गीय यादव के काम आ व्यवहार के प्रशंसा करत तस्वीर पर फुल अविर चढा के चिरशान्ती के कामना कईले रहलन ।

स्वर्गीय पशु प्राविधिक यादव सुवर्ण गाँवपालिका मे कार्यरत रहल रहनी । सुवर्ण गाँवपालिका के कवहीगोठ से घरे बेनौली आवेके क्रम मे पसरामपुर मे मोटरसाईकल दुर्घटना मे परके यादव के कम उमिर मे ही मृत्यु भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।