वीउवासंघद्वारा प्रमुख कर अधिकृत के बिदाई

वीरगंज ०३ कातिक
वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ आजु एगो समारोह बीच आन्तरिक राजस्व कार्यालय, पर्सा के प्रमुख कर अधिकृत सुनिलकुमार यादव के बिदाई कईले बा ।
वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष डा. सुबोध कुमार गुप्ता कर प्रशासन तथा सेवा के चुस्त दुरुस्त बनावेके तथा ई क्षेत्र के उद्योगी व्यवसायीलोग के अनेकन गतिविधि तथा कार्जक्रमसब मार्फत् कर सम्बन्धी शिक्षा प्रदान करे खातिर प्रमुख कर अधिकृत यादव से कईल कामसब महत्वपूर्ण रहल बतवले बानी । कर प्रमुख यादव सक्रिय होके आपन कार्य निर्वाहन कईल फलस्वरुप हि वितल से अभी कर के प्रशासनिक कामसब मे आउर सरलीकरण आईल अध्यक्ष गुप्ता बतवनी ।
बिदाई समारोह के अवसर मे प्रमुख कर अधिकृत सुनिलकुमार यादव कर प्रशासन आ निजीक्षेत्र दुनु बीच अनन्य सम्बन्ध रहल बतवनी । उ व्यापार व्यवसाय फस्टावत गईला पर मात्र कर सङ्कलन भी बढेके बतवनी । प्रमुख कर अधिकृत यादव ई क्षेत्र के औद्योगिक, आर्थिक तथा समाजिक विकास के खातिर वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ से निर्वाह करत आईल भूमिका सराहनिय रहल बतवनी । उ आवेवाला दिनबस मे भी एक आपसबीच के संस्थागत सम्बन्ध आउर प्रगाढ होके विकास के कामसब मे हाथेमालो करके अगाडि बढेमे खुद विश्वस्त रहल बतवनी ।
कार्जक्रम मे वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के वरिष्ठ उपाध्यक्ष अनिलकुमार अग्रवाल, उपाध्यक्षद्वय हरि गौतम आ माधव राजपाल, महासचिव मनोजकुमार दास, सचिव अरविन्द्र अमात्य, सह–कोषाध्यक्ष प्रेमचन्द्र गोयल, सहसचिव अनोज रुँगटा लगायत के सहभागीता रहल रहे ।





