भारत से कार मे लागुऔषध तस्करी, २ जने पकडईले

वीरगंज ०८ कातिक
भारत से निजी कार मे लागु औषध तस्करी करेवाला २ जने के पुलीस वीरगंज से पकडले बा । पकडाएवाला मे मकवानपुर के हेटौंडा उपमहानगरपालिका ३ के २६ बरीस के सुमन न्यौपाने आ उहे जगहा के २८ बरीस के रोशन लामा रहल बाडन ।
सीमावर्ती भारतीय सहर रक्सौल से आ रहल बा ४ च १०२१ नम्बर के इण्डिका कार पुलीस वीरगंज १६ स्थित बाइपास सडक मे रोक के चेकजाँच कईले रहे ।
उ समय मे कारपछाडि के सिट के निचे लुकाके राखल लागु औषध वीनरेक्स १ सय एमएल के २ सय ३७ सिसी आ नाइट्रोभेट ट्याब्लेट ६ सय पिस बरामद भईल पर्सा के प्रहरी नायव उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।
कार से लागु औषध बरामद भईला के बाद डाईबर न्यौपाने आ कार मे सवार लामा दुनु जने के कार सहित नियन्त्रण मे लेहल गईल खनाल बतवनी । पकडाईल दुनु जने के लागु औषध सम्बन्धी कसूर मे मुद्धा दर्ता करके कारवाही प्रकृया अगाडि बढावल गईल प्रहरी नायव उपरीक्षक खनाल जानकारी देहनी ।






