रौतहट के अनेकन स्थानीय तह मे भ्रष्टाचार विरुद्ध जनमत पार्टी के मोटरसाइकल जुलुस

मेवालाल कुमार यादव

रौतहट ०९ कातिक

डा .सिके राउत नेतृत्व के जनमत पार्टी भ्रष्टाचार विरुद्ध आजु रौतहट के स्थानीय तहसब मे मोटरसाइकल जुलुस प्रदर्शन कईले बा ।

जनमत के नेता कार्यकर्तालोग पूर्वनिर्धारित कार्जक्रम अन्तर्गत रौतहट के राजदेवी नगरपालिका, गढीमाई नगरपालिका, गरुडा नगरपालिका, गुजारा नगरपालिका, कटहरिया नगरपालिका, मौलापुर नगरपालिका, फतुवाबिजयपुर नगरपालिका, राजपुर नगरपालिका लगायत जिल्ला के अनेकन स्थानीय तह मे मोटरसाइकल जुलुस प्रदर्शन कईल पार्टी के जिल्ला सचिव बिकास कुमार यादव बतवनी ।

उनका मुताविक पकडाईल आपन नेता कार्यकर्ता के रिहाइ आ भ्रष्टाचारी के कारबाही के माग करत जनमत पूर्वनिर्धारित कार्जक्रम मुताविक आजु दुसरका दिन पालिका स्थानीय मोटरसाइकल जुलुस प्रदर्शन कईले बा ।

उलोग ‘भ्रष्ट सरकार मुर्दाबाद, हमनी के माग पूरा कर, हमनी के कार्यकर्ता के रिहा कर, जनमत पार्टी जिन्दावाद, डा सीके राउत जिन्दावाद, भ्रष्टाचारी के कारबाही कर’ जईसन नारासब लगवले रहे ।

बितल बियफे दिने संघीय खानेपानी तथा ढल व्यवस्थापन आयोजना कार्यालय जनकपुरधाम के निमित्त प्रमुख राजेश कुशवाहा उपर जनमत पार्टी के कार्यकर्ता जनकारबाही कईला के बाद पुलीस जनमत के १७ जने नेताकार्यकर्ता के पकड के हिरासत मे रखले बा ।

आम जनता आ जनमत के कार्यकर्ता प्रमुख कुशवाहा के करिया मसी आ पाकी लगाके जनकपुरधाम नगर परिक्रमा करवले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।