छठी माता के महिमा झल्केवाला सिक्का लियावे खातिर कांग्रेस पर्सा के माग

वीरगंज ०९ कातिक
नेपाली कांग्रेस पर्सा छठी माता के महिमा झल्केवाला सिक्का लियावे के माग कईले बा । जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मार्फत अर्थमन्त्री जनार्दन शर्मा के ज्ञापनपत्र पठावत कांग्रेस पर्सा अईसन माग कईले बा ।
कांग्रेस पर्सा के सभापति अजय द्विवेदी आजु प्रमुख जिल्ला अधिकारी उमेशकुमार ढकाल मार्फत अर्थमन्त्री शर्मा के ज्ञापनपत्र पठावल सचिव श्याम पटेल जानकारी देहनी ।
“अनेकन चाडपर्व मे नेपाल राष्ट्र बैंक पर्व के झझल्को लउकेवाला सिक्का प्रकाशन करेके प्रचलन बा । छठ पर्व के अवसर मे भी छठी माता के महिमा झल्केवाला सिक्कासब प्रकाशन कईल जाँव,” ज्ञापनपत्र मे उल्लेख बा ।






