ईलाज मे लापरवाही करेवाला अस्पताल उपर कारवाही करेके चेतावनी

वीरगंज २२ सावन
पर्सा मे नीजी अस्पताल मरेजी के ईलाज मे लापरवाही कईला के बाद जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा कारबाही करेके चेतावनी देहले बा ।
बुध के दिने बईठल जिल्ला संकट व्यवस्थापन केन्द्र के बईठक से मरेजी के स्वास्थ्य मे खेलवाड कईला पर कानुन बमोजिम कारबाही करेके निर्णय कईले बा ।
प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णु कुमार कार्की के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से निजी अस्पतालसब के ईलाज के खातिर आईल मरेजीलोग के जाँच करके मात्र पठावे खातिर निर्देशन देहले रहे ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललित कुमार बस्नेत बियफे के सबेरे विज्ञप्ती जारी करत अस्पतालसब मे अलगे आइसोलेसन वार्ड के व्यवस्था करेके निर्देशन देहले बाडन ।
निर्देशन मे लिखल बा, ‘ई जिल्ला के अनेकन निजी अस्पतालसब मे ईलाज के खातिर आईल मरेजीलोग के अस्पतालसब चेकजाँच तथा ईलाज हि ना कर के फिर्ता पठावल सिकाईत आईल विषय मे छलफल कईल रहे ।
अब जिल्ला के सभी अस्पतालसब के आपन आपन अस्पतालसब मे अलगे आइसोलेसन वार्ड के व्यवस्था करके खुद लग आईल मरेजीसब के चेकजाँच तथा ईलाज के व्यवस्था मिलावेके आ कोभिड–१९ भईल देखल गईला पर मात्र कोभिड अस्पताल मे रिफर करेके ।
’ जनावल गईल बा ।
सरकारी अस्पताल नारायणी अस्पताल बाहेक वीरगंज मे एक दर्जन के हाराहारी मे निजी अस्पताल बा ।
माकिर वीरगंज के अस्पताल के गोलचक्कर लगईला पर भी कोभिड–१९ के आशंका मे उचित ईलाजज सेवा ना मिलला पर मरेजी के मृत्यु हो रहल घटना सार्वजनिक भईल बा ।






