ग्रामीण बिकास केन्द्र (आरडिसि) द्वारा रौतहट के ७ पत्रकार समानित

मेवालाल कुमार यादव

रौतहट ०९ कातिक

ग्रामीण बिकास केन्द्र (आरडिसि) नेपाल के आयोजना मे रौतहट उधोग बाणिज्य संघ रौतहट के सभाहल मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मान कार्जक्रम आजु पुरा भईल बा ।

समान आ न्यायीक समाज के खातिर लैङ्गीक हिंसा न्यूनीकरण परियोजना अन्तर्गत महिला हिंसा न्यूनीकरण के क्षेत्र मे कलम चलावेवाला आ पत्रकारिता क्षेत्र मे लम्हर समय से सक्रिय रहल रौतहट के ७ जने पत्रकारलोग के ग्रामिण शिक्षा बिकाश केन्द्र रौतहट नगद सहित कदर पत्र से सम्मान कईले बा ।

सम्मान होखेवाला मे नेपाल टेलिभिजन के जिल्ला प्रतिनिधि शैलेन्द्र कुमार गुप्ता, रातोपाटी डटकम के जिल्ला प्रतिनिधि संजय कुमार मिश्र, द हिमालय टाइम्स के जिल्ला प्रतिनिधि प्रभात झा, राजदेवी एफएम के सामाचार वाचिका बिना श्रीवास्तव, जनकपुर टुडे के जिल्ला प्रतिनिधि राकेश यादव आ कान्तिपुर पत्रीका के प्रतिनिधि शिवपुरी आ अन्नपूर्णपोस्ट के जिल्ला प्रतिनिधि फनिदेव महत के सम्मान कईल बा ।

समान कार्जक्रम के सम्बोधन करत नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय सचिव गोबिन्द चौलागाई रौतहट के पत्रकार मे अभी भी एकता के जरुरत रहल आ लागुऔषध काण्ड मे पत्रकार फँसावल बारे मे नेपाल पत्रकार महासंघ के नेतृत्व मे गठित छानबिन समिति अब जलदी प्रतिबेदन सार्वजनिक करेके भी बतवले बानी ।

ग्रामिण शिक्षा बिकाश केन्द्र रौतहट के अध्यक्ष पारस हुसेन आवेवाला दिन मे भी ग्रामिण बिकाश केन्द्र नेपाल पत्रकारलोग के समानित करेके प्रतिबद्धता व्यक्त कईनी । कार्जक्रम के सुरुवात प्रदेश नम्बर २ के पत्रकार महासंघ के उपाध्यक्ष रामानन्द गुप्ता के आत्मा के शान्ति के कामना करत १ मिनेट मौन धारण करके सुरुवात कईल रहे आ गाम्ला मे पानी डालके विधिवत रुप मे अतिथिलोग कार्जक्रम के सुरुवात कईले रहलन ।

उ कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट के अध्यक्ष प्रेमचन्द्र झा, प्रमुख जिल्ला अधिकारि कृष्ण बहादुर शाही, प्रहरी नायब उपरीक्षक नारायण प्रसाद चिमोरिया, सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक सुर्य सेन ओली, नागरिक समाज रौतहट के अध्यक्ष जगनाथ केशरी लगायत के उल्लेखनिय सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।