बहुजन समाज पार्टी नेपाल के केन्द्रीय समिति गठन

वीरगंज १३ कातिक

बहुजन समाज पार्टी नेपाल के केन्द्रीय समिती गठन भईल बा । पर्सा मे जारी दु दिने अधिवेशन से १५ सदस्यीय केन्द्रीय कमिटी गठन भईल पर्सा जिल्ला समिति के अध्यक्ष सन्तोष राम जानकारी देहनी ।

पुर्व अध्यक्ष गंगा प्रसाद महरा के अध्यक्षता मे भईल अधिवेशन से पुजन राम के राष्ट्रिय अध्यक्ष चयन कईले बा ।

कातिक १२ आ १३ गते पुरा भईल अधिवेशन मे सुनसरी के दुर्गा देवी राम के उपाध्यक्ष पद मे चयन कईले बा । सचिव मे विश्वेश्वर सदा चयन भईल बानी आ कोषाध्यक्ष मे सप्तरी के अमरलाल राम नियुक्त भईल पर्सा अध्यक्ष संतोष राम बतवनी ।

चईत्त–वैशाख मे सम्भवतः तिनु चुनाव होखेके आंकलन कईल बा । चुनाव भईला पर तीनु तह मे पार्टी से उम्मेदवारी देवेके पुर्व पार्टी अध्यक्ष गंगा प्रसाद महरा बतवनी । साथे एक बरीस भतिर सातु प्रदेश तक पार्टी विस्तार करेके लक्ष्य रहल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।