हाथीपाईले बेमारी निवारण के खातिर गाँव–गाँव मे दवाई खियावल जाई

प्रभु यादव

बारा २२ माघ,
हाथीपाई बेमारी निवारण के खातिर कलैया मे पत्रकारलोग से बतकही कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

दवाई खियावे खातिर सर्व सधारण के प्रेरित करे खातिर सञ्चार जगत के भुमिका अपरिहार्य रहला से निवारण के खातिर खियावेवाला हाथीपाईला बेमारी के बारेमे जानकारी करईला पर सहज होखेके बात मे जनस्वास्थ्य कार्यालय बारा के बरिष्ठ जनस्वस्थ्य प्रशासक राजकिशोर पंडित बतवनी ।

ई दवाई २ बरीस से निचे के लइकालइकी, गर्भबती जनानी, सिकस्त बेमार, छारे रोग के मरेजी बाहेक सभी जने के खियावे सकेके भेकटर कन्ट्रोलर शंकर गुप्ता बतवनी ।

२ बरीस से ५ बरीस तक के खातिर १, ६ से १४ के २ आ १५ बरीस से बेसी के ३ चक्की खियावे के गुप्ता बतवनी । दवाई खईला पर तानका ना निमन बुझईला पर पानी पिएके, घर मे आराम करेके आ बेसी भईला पर लगेके स्वास्थ्य कार्यालय मे जाके चेक करावे के उ अवसर मे जानकारी करावल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।