विष्फोटक पदार्थ पटाका सहित तीन जने पकडईलें

प्रभु यादव
बारा १७ कातिक
बारा के प्रहरी विष्फोट पदार्थ पटाका सहित तीन जने के पकडले बाडे । मंगर के रात के करीब ८ बजे सिमा प्रहरी चौकी छतवा से खटल प्रहरी टोली पटाका सहित तीन जने के पकडले बा ।
बारा के फेटा गाँवपालिका वार्ड नं.३ फेटा मे चेकजाँच करे के क्रम मे भारत से शंकास्पद रुपमे नेपाल ओर आरहल ना ३८ प ७९५३ आ ना १६ प ६२२९ मोटरसाइकल रोक के चेकजाँच कईला पर मोटरसाइकल चालक आ पछाडी सवार लोग कार्टुन मे राख के लुका छिपा के लियारहल किङ कोबरा–११ बण्डल, भ्भिअतचष्अ क्उबचपभिचक–५० प्याकेट बिष्फोटक पदार्थ पटाका मिलल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।
पकडाएवाला मे जिल्ला मकवानपुर हेटौडा उ.म.न.पा.वार्ड नं. १५ के ३४ बरीस के बुद्ध लोप्चन, २५ के बुद्ध लोप्चन, ३२ बरीस के राजकुमार लोप्चन रहल प्रहरी जनकारी करावले बा । पकडाईल तिनु जने के बारा जिल्ला अदालत से विष्फोटक पदार्थ अन्तर्गत कसूर मे पहिला बेर ५ दिन के म्याद अनुमति लेके थप अनुसन्धान कईल जारहल बारा पुलीस जनकारी करावले बा ।





